सखुवा प्रसौनी गावंपालिका के आन्दोलन जारी, १७ वां दिन टायर बार के प्रदर्शन

78

पर्सा, १४ चैत
सखुवा प्रसौनी गावंपालिका मे हो रहल आन्दोलन अभी भी जारी बा । गावंपालिका के नाम परिवर्तन आ सेवा केन्द्र सारे के विरोध मे जारी रहल आन्दोलन १७ वां दिन भी जारी रहल ।

संघर्ष समिति गावंपालिका कर्यालय सखुवा प्रसौनी मे लगावल तालाबन्दी यथावत राख्त १७ वां दिन औराहा पांचगावा बजार मे टायर बार के प्रर्दशन कइलख ।

गावंपालिका प्रमुख राजिनामा दे, गावंपालिका के समस्या तुरुन्त समाधान कर, गावंपालिका के नाम आ सेवा केन्द्र सारे के ना मिली, सखुवा प्रसौनी गावंपालिका जिन्दाबाद, गावंपालिका प्रमुख मुर्दाबाद लगायत के नारा लगावत प्रदर्शन भइल रहे ।

प्रदर्शन मे संघर्ष समिति के यसवन्त यादव, नागेन्द्र चौधरी, रामनाथ चौधरी, महेन्द्र यादव, भुपेन्द्र यादव, बिश्वनाथ पटवारी, इदरिश मियाँ, नागेन्द्र यादव लगायत सैकड़ो स्थानिय लोग के समेत सहभागिता रहल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here