सखुवा प्रसौनी गावंपालि मे सेवा केन्द्र आ नाम परिर्वतन के बिरोध मे १० दिन से आन्दोलन

186

बीरगंज, ८ चैत
सखुवा प्रसौनी गावंपालिका के सेवा केन्द्र सारल आ गावंपालिका के नाम परिवर्तन के निर्णय के बिरोध मे होरहल आन्दोलन आज भी जारी रहल । आन्दोलन के कार्यक्रम अन्तर्गत आ संघर्ष समिति गावंपालिका कार्यालय अगाडी धर्ना बइठल रहे । गावंपालिका कार्यालय श्रीपुर पंचगावाको गेट अगाडी १०० औं के उपस्थिती संघर्ष समिति धर्ना बइठल संघर्ष समिति के सचिव एवं प्रवक्ता यसवन्त यादवले बताइनी । संघर्ष समिति के अधयक्ष जयराम महतो थारु के नेतृत्व मे गावंपालिकाकी उप प्रमुख फुलमती देबी चौधरी, देवनारायण चौधरी, सिताराम महतो थारु, मोहन दास थारु, नागेन्द्र चौधरी लगायतका के लोग धर्ना बइठल बात यादव बतइनी ।

थप आन्दोलन के कार्यक्रम अन्तर्गत फेन बिहान झाडु झुलुश निकालेके कार्यक्रम रहल प्रवक्ता यादवले कहनी । श्रीपुर पंचगावा, औंराहा से निकलेवाला झाडु जुलुश सखुवा प्रसौनी, कौवा बनकटैया होते देउवाना मे कोण सभा मे परिणत होखे के कार्यक्रम रहल यादव जानकारी करइनी ।

गवंपालिका के केन्द्र सारेके आ नाम परिर्वतन करे के बिरोध मे संघर्ष समिति हि गठन कर के सुरु भइल आन्दोलन अभि तक जारी रहला से सेवाग्राही मर्का मे परल बा । गावंपालिका कार्यालय मे १० दिन से ताला लाग्ला के चल्ते कवनो कवनो कामकाज नइखे होखे सकल । श्रीपुर पंचगावा, सखुवा प्रसौनी, कौवा बनकटैया लगायतके ठावं के स्थानिय सब द्धारा होरहल आन्दोलन अउरी कडा होत गइला पर भी गावंपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयवाल से कवनो किसिमके औपचारी वार्ता के पहल ना भइल संघर्ष समिति जनइले बा ।

संघर्ष समिति द्धारा गावंपालिका कार्यालयमा लगावल गइल तालाबन्दी याथावत राख्त थप आन्दोलनको कार्यक्रम अन्तर्गत बिरोध प्रदर्शन, बिरोध सभा, पुतला दहन, शव यात्रा, ज्ञापन पत्र, मशाल जुलुश लगायत बन्द के समेत कार्यक्रम करत अइला पर भी अभितक वार्ता होखे नइखे सकल । गावँपालिकाकी उप प्रमुख फुलमती चौधरी आ कुक्ष वडा अध्यक्ष समेत लोग के भी जारी आन्दोलन मे सहभागिता रहल बतावल गइल बा ।

गावंपालिका अध्यक्ष जयसवाल से जनचाहना विपरित श्रीपुर पंचगावामा रहल गावंपालिका के सेवा केन्द्र महुवन सारे के आ सखुवा प्रसौनी नाम रहल गावंपालिका के नाम पारसनाथ गावंपालिका राखे के षडयन्त्र भइल बिरोध मे आन्दोलित होखे के परल संघर्ष समिति के कहनाम रहल बा । १० दिन से जारी आन्दोलन के चल्ते गावंपालिका के सम्पुर्ण कामकाज अवरोध होत आरहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here