सडक पर पैखाना करेवाला पर सिटी बजा के बच्चा सब के निगरानी

90

पर्सा, १५ चैत
पर्सा के पोखरीया नगरपालिका के वडा नम्बर ९ सेमरबारी बर्वा के खुल्ला दिशामुक्त बनावे खातिर सब शक्ति परिचालन कइल गइल बा । काल्हु बुध से बिहानइया आ सझिया बालबालिका, स्वयमसेवीका, समाजसेवी, वडा सचिव लगायत के टोली परिचालन कइल गइल ह । लडकालडकी सब सिटी बजा के सडक पर पैखाना करेवाला के निगरानी समेत करे लागल बाडे लोग ।
शौच के समय बिहनइया ५ बजे से ७ बजे तक आ सझिया ६ बजे से ८ बजे तक गावं के चारै सब पर समुह बना के सिटी बजावत निगरानी कइल बात बाल संजाल के अनिता कुमारी बतइली । पोखरिया वडा नम्बर ९ सेमरबारी टोल के जम्मा घरदुरी मध्ये ९६ प्रतिशत घरदुरी मे चर्पी जडान हो के प्रयोग मे अइला के कारण इहे चैत्र १९ गते घोषणा के समय भी राख्ला पर निगरानी बढावल गइल वडा सचिव बृजकिशोर प्रसाद बतइलन ।
्बाल समुह के अध्यक्ष प्रियंका कुमारी के अगुवाईमा होरहल सिटी निगरानी बिहनइया ५ बजे से गावं के पश्चिम, दक्षिण से मेन रोड तक परिचालन कइल गइल सामाजिक परिचालक मृत्युन्जय मिश्रा बतइलन । परिचालित समुह मे पुजा कुमारी, आरती कुमारी, समाजसेवी सुरेन्द्र सिंह, नरेन्द्र साह, महिला स्वयम सेवीका लगायत के भी सहभागीता रहल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here