सन नेपाल लाइफ इन्स्योरेन्स तीसरा साल मे प्रवेश के खुशी मानव सेवा आश्रम मे फलफूल बाँट के मनवलख

130

वीरगंज, ७ कुवार

सन नेपाल लाइफ इन्स्योरेन्स तीसरका साल में प्रवेश वीरगंज, आसिन ६ गते २०७४ आसिन ६ गते यानी सामाजिक सेवा दिवस के दिन से आपन कारोबार शुरू कईल सन नेपाल लाइफ इन्स्योरेन्स कम्पनी लिमिटेड अपना कार्यकाल के सफल दू साल पूरा कके तीसरका साल में प्रवेश कईले बा।

सफलतापूर्वक जनसेवा के ई दू साल में कंपनी पूर्व मेची से लेके पच्छिम महाकाली तकले देश के प्रायः सभे जिला में कार्यालय के स्थापना कईले बा। दू साल के बहुत ही छोट अवधि में कंपनी लगभग प्रत्येक जिला में अभिकर्ता ट्रेनिंग, बीमालेख बिक्री आ बीमा जनजागरण कार्यक्रम से कारोबार विस्तार करे में सफल भईल बा।

आसिन ६ गते सामाजिक सेवा दिवस यानी आजूये वीरगंज शाखा कार्यालय द्वारा वीरगंज शाखा के शाखा प्रबंधक श्रीराम प्रसाद के अध्यक्षता में वीरगंज के मानव सेवा आश्रम में फल-फूल तथा नाश्ता-पानी खिआवे के कार्यक्रम सम्पन्न कईल गईल।

सामाजिक सेवा के आपन उत्तरदायित्व निभा रहल एह अवसर पर शाखा प्रबंधक श्रीराम जी कहनी “सन नेपाल लाइफ इन्स्योरेन्स कम्पनी लिमिटेड आजू जवन उपलब्धि के साथ आगा बढ़ रहल बा ओह में बीमा समिति, समस्त कर्मचारी, ग्राहक वर्ग, तथा शेयर धनी लोग के समान रूप से योगदान बा। हम ई सबलोग के प्रति कृतज्ञता प्रकट कर रहल बानी। आगामी दिन में हमनी आउर सुलभ, सरल आ आधुनिक सेवा प्रदान करे खातिर प्रतिबद्ध बानी।”

मानव सेवा आश्रम में सेवा के दिवस के मौका पर समस्त कर्मचारीगण पूरा हर्षोल्लास से सेवा में जुटल रहल लोग। वीरगंज शाखा के कर्मचारी सुनील यादव के कहनाम रहे” बीमा जीवन के साथ आ जीवन के बाद भी सुरक्षा देवेला। जवना से परिवार सुरक्षित रहेला। हमनी आजू सेवा कके आशीर्वाद के आकांक्षी बानी। मानव सेवा परम धरम होला।” सन नेपाल लाइफ इन्स्योरेन्स कम्पनी लिमिटेड द्वारा फल-फूल तथा नाश्ता-पानी खिआवे के कार्यक्रम सफलता के साथ सुसम्पन्न भईल।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here