सप्तरी मे दिने पिछे सामुहिक बलात्कार के घटना सार्वजनिक

124

राजेश अभिराज यादव

फागुन २९, सप्तरी

सप्तरी मे दिने पिछे सामूहिक बलात्कार के घटना हो रहल बा । दु दिन ऐने दुगो सामूहिक बलात्कार के घटना सार्वजनिक भईल बा।

बितल बेर एगो दलित युवती सामूहिक बलात्कार के शिकार भईल बाड़ी । १८ वर्षीया उनका के पाँच जनाके संख्या मे रहल युवा लोग जबरजस्ती बलात्कार कईल प्रहरी द्वारा जनावल गईल बा । बलात्कार करेवाला लोगमे से दु जनेके प्रहरी पकड़ले  बा त अउर तीन जने अभियो फरार बा लोग ।

सप्तरी के शम्भुनाथ नगरपालिका–३, कचन्दाहा के १८ वर्षीया युवती के पाँच जना युवा लोग ऐतवार के रात के नियन्त्रण मे लेके सामूहिक बलात्कार कईले रहे लोग । आपन घर मे रहल बीमार खातिर लगही के दवाईखाना मे दवाई किने गईल बेर  युवा लोग नियन्त्रण मे लेके बलात्कार कईल ऊ युवती के कहनाम बा ।

युवती दवाई लेवे गईल रहली, गाँव मे ही एगो वियाह होत रहे ऊ युवती के कहाई के उद्धृत करत प्रहरी श्रोत कहले बा की, ‘वियाह स्थल से सय मिटर के दूरी मे ऊ युवा लोग उनका के नियन्त्रण मे लेके गहुँके खेत मे लेजाके बलात्कार कईले रहे लोग ।’

बलात्कार के घटना जानकारी मे आवते प्रहरी युवती के कहनाम मुताबिक घटना मे संलग्न रहल उहे जगह के दु जनेके पक्राव कईले बा । पक्राव मे अजय चौधरी आ एटलान्टी चौधरी रहल बा लोग । दुनु के उमेर २० वर्ष रहल बा ।

इहे बिच ओह सम्बन्ध मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय सप्तरी के प्रहरी उपरीक्षक एसपी मुकेश कुमार सिंह घट्ना के अनुसन्धान हो रहल बतवले बानी । उहाँ के मुताबिक फरार रहल आउर लोग के खोजी हो रहल बतावत पीडित युवती के मेडिकल समेत करावे के जानकारी देहनी ।

ओइसही सप्तरी मे ही दलित युवती के बलात्कार होखे से पहिले आउर एक महिला भी बलात्कार के शिकार भईल बाड़ी । जिल्ला के बिष्णुपुर गाँवपालिका –७, के उ महिला संघे शनिचर के सझिया दु लोग सामूहिक बलात्कार कईले रहे लोग । राजविराज से आपन घर के ओर वापस आवत बेर ३३ वर्षीया उक्त महिला के दु जने नियन्त्रण मे लेके कोशी पश्चिम नहर के झाडी मे लेजाके बलात्कार कईले रहे । प्रहरी प्रमुख सिंह द्वारा ई घट्ना के भी छानबिन होरहल बतावत बलात्कारी लोग के पकड़े खातिर चारुओर प्रहरी परिचालन कईल जानकारी दहले बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here