समय पर काम पूरा ना करेवाला आ कमसल काम करेवाला ठेकेदार के जेल मे डाली – गृहमन्त्री बादल

114

काठमांडू, २ जेठ ।

गृहमन्त्री राम बहादुर थापा सडक आ पूल बानवे के ठेक्का लेके समय पर काम पूरा ना करेवाला आ कमसल काम करेवाला ठेकेदार लोग के सूची बानवे के निर्देशन देहले ।

अनेकन मंत्रालयन के सचिव आ प्रतिनिधि, नेपाल प्रहरी के महानिरीक्षक, काठमांडू, ललितपुर महानगरपालिका के मेयर, उपत्यका के तीनों जिल्ला के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आ प्रहरी प्रमुखके बईठक बोला के गृहमन्त्री बादल सड़क आ ट्राफिक व्यवस्थापन के विषय मे एकरा से पहिले भईल निर्णय के कार्यान्वयन करेके निर्देशन देहले । निर्णय कार्यान्वयन मे कवनों उपलब्धि ना देखल गईल क़हत गृहमन्त्री आपन असंतुष्टि जनावत कहले दोसरका बईठक मे आवे से पहीले भईल सारा निर्णय मे से कवन कवन कार्यान्वयन भईल सारा के विवरण समेत लेके आवेके निर्देशन देहले ।

गृहमन्त्री बादल सड़क आ पूल के निर्माण के ठेक्का लेके समय पर काम ना करेवाला, कमसल काम करेवाला ठेकेदारन के सूची बनावे के निर्देशन देहले । बादल कहले ‘अईसन ठेकेदारन के सूची बना के अल्टिमेटम दी, अल्टिमेटम के समय रहते अगर काम ठीक से नईखे होत त ओइसन ठेकदार के जेल मे डाली ।

सड़क दुर्घटना आ ट्राफिक जाम न्यूनीकरण के साथ साथे धुरा, धुवा हटावे के विषय के प्राथमिकता देते गृहमन्त्री बादल गत फागुन २९ गते, चईत १ गते आ चईत ४ गते यातायात आ ट्राफिक व्यवस्थापन विषय के केन्द्रित बईठक राखल रहे ।

पिछला बईठक से निर्णय भईल दु महिना बितला के बाद भी ज्यादा तर निर्णय कार्यान्वयन ना भईला से गृहमन्त्री असंतुष्टि जनावत जल्दी से जल्दी कार्यान्वयन करे के निर्देशन देहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here