समय से नहर मे पानी ना अइला पर पर्सा, बारा आ रौतहट के हजारन हेक्टर मे बोवल गहुँखेती प्रभावित

171

वीरगंज २५ पुस,

भारतीय पक्ष गण्डक नहर मे देर से पानी छोडला से पर्सा, बारा आ रौतहट जिल्ला मे ई बरीस गहुँखेती प्रभावित होखेके किसानलोग सिकाईत कइले बाडन । भारतीय पक्ष गण्डक नहर मे पुस १० भितर पानी छोडे के भइला पर भी भारतीय पक्ष के नहर के मेन ढलान मे देरी से पानी देहला से दु हप्ता देरी करके पानी आइल स्वीकारत नारायणी सिँचाइ व्यवस्थापन डिभिजन कार्यालय वीरगंज के प्रमुख राजेन्द्रप्रसाद साह कहनी कि, “गहुँ के बीया छिटेके समय मे पानी ना छोडला से कुछ मात्रा मे गहुँखेती प्रभावित भइल बा ।

भारतीय पक्ष ८५० क्युसेक मेसे ई बरीस नहर मे ५४० क्युसेक मात्र पानी छोडला से उ पानी पर्सा आ बारा मे होखेवाला गहुँखेती के खातिर मात्र पुगेके आ जरुरी भइला पर मात्र रौतहट जिल्ला मे छोडेके डिभिजन प्रमुख साह बतवनी ।

“मध्य तराई के अन्न के भण्डार मानल जाएवाला पर्सा, बारा आ रौतहट जिल्ला के किसान गण्डक नहर मे समय से पानी ना अइला से गहुँखेती बढिया से करे ना सकल”, कहत किसान शेषमन पण्डित, “आकाशे पानी के आसा मे कम गहुँ खेती कइल आ पानी के कमी से पूर्णरूप मे गहुँखेती करे ना सकल गइल बतवनी ।”

भारतीय पक्ष समय मे गण्डक नहर मे पानी ना छोडला से कैयन जगहा मे छोटा सिँचाइ मार्फत किसान गहुँखेती कइल सम्बन्धित जिल्ला के कृषि ज्ञान केन्द्र जनवले बा । भारतीय पक्ष नेपाल ओरी के ८१ किलोमिटर लम्हर गण्डक नहर मे बरीस मे दु बेर पानी छोडेलन । गण्डक नहर के चार दशक लम्हर इतिहास बा । समय से नहर मे पानी ना छोडला से पर्सा, बारा आ रौतहट जिल्ला के ७६ हजार ५०० हेक्टर क्षेत्रफल मे किसान से बोवल गहुँखेती ई बरीस देरी होखेके किसान के कहनाम बा ।

भारतीय भूमि होत गण्डक नहर के पानी पश्चिमी पर्सा के जानकी टोला से शुरु होके पर्सा, बारा होत रौतहट के बाग्मती नदी मे मिलेला । नेपाल भारतबीच भइल गण्डक सम्झौता मुताविक भारत सरकार नेपाल ओरी रहल गण्डक नहर मे ८५० क्यूसेक पानी छोडेके छाहिं । उर्वराभूमि, पर्याप्त जनशक्ति आ सिँचाइ के बडका स्रोत रहला पर भी समय मे पानी ना अइला से किसान समय मे खेती करे नइखन सकत ।

सरकार आर्थिक समृद्धि के खातिर कृषि के प्राथमिकता मे राखल पर भी समय मे गण्डक नहर मे भारतीय पक्ष से पानी ना छोडला से किसान के समस्या भइल सिकाइत कइले बाडन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here