समय से बाकी रोपेया ना मिली त उख किसान द्वारा काठमाण्डू मे अनिश्चित समय ला आन्दोलन के घोषणा

    262
    उख किसान संघर्ष समिति
    उख किसान संघर्ष समिति

    सर्लाही, २० माघ ।

    उख किसान संघर्ष समिति सर्लाही तिसरका चरण के आन्दोलन कार्जक्रम के घोषणा कईले बा लोग । चीनी मिल उधोग मालिकन से किसान के बाकी रकम दिउवावे खातिर सरकार असक्षम बा आरोप लगावत किसानन लोग चईत ४ गते तक सब बाकी रोपेया ना मिली त काठमाण्डू मे रिले अनसन शुरू करे के बतवले बा लोग ।

    सर्लाही मे बितल शनिचर के बइठल किसानन के बृहत बइठक आन्दोलन के कार्जक्रम तय क के उख किसान संघर्ष समिति द्वारा काल्ह एतवार के दिने बिज्ञाप्ति जारी कईल गईल बा । उधोग मन्त्रालय मे भइल लिखित सम्झौता के हिसाब से उधोगी आ सरकार से मिलेवाला बाकी रोपेया अभी ले ना मिलला से आन्दोलन के घोषणा करे के नौबत आइल बिज्ञाप्ति मे किसान संघर्ष समिति के सचिव हरीश्याम राय बतवले ।

    आन्दोलन के कार्जक्रम मे माघ १९ गते से फागुन ५ गते ले उख किसानन के बाकी रोपेया के विवरण गाँव गाँव मे चहुप के जम्मा करे के, फागुन ६ गते से २१ गते ले उख किसानन के एक बेरा खाली भोजन क के खेत मे कामाए जाए के, २२ गते फागुन से ले के चईत २ गते तकले चली काठमाण्डू भरी काठमाण्डू अभियान चालावे के आ चईत ४ गते से काठमाण्डू माइति घर मण्डला मे अनिश्चित समय खातिर रिले अनसन सुरू करे के उख किसान संघर्ष समिति सर्लाही जानकारी करवले बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here