The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

समाजबादी बिधार्थी फोरम के ठा रा ब इकाई कमिटी गठन

बीरगंज, १० सावन ।

ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस मे काल्ह पूरा भईल फोरम निकट बिधार्थी लोग के जमघट मे समाजबादी बिधार्थी फोरम इकाई कमिटी गठन भईल बा । क्याम्पस मे पूरा भईल जमघट हरीन्द्र साह के जनयोजकत्वमे २१ सदस्यी कमिटी गठन कईल गईल ।

कमिटी के उपाध्यक्ष शशिकांत सर्राफ आ हिरालाल साह, सचिव मे बिकास मेहता, सह सचिव मे रंजिता कलवार, कोषाध्यक्ष मे बांदना चौधरी, सह कोषाध्यक्ष मे सगीर अहमद लोग रहल रहे ।

कार्यक्रम के सभापति समाजबादी बिधार्थी फोरम के केन्द्रीय सचिवालय सदस्य निखिल वर्णवाल क्याम्पस मे हो रहल कामकाज के बारे मे सचेत रहे के आ बिधार्थी लोग के रोजे पर रहल समस्या आ क्याम्पस प्रशासन के लापरवाही के खातिर सचेत रह के बिधार्थी के हक हित के खातिर कडा रूप मे आगा बढ़े के नव गठित कमिटी के निर्देशन देत अपने आप के नेता ना बाक़िर चौकीदार समझत आ सचेत के रूप मे काम करे के  निहोरा कईले ।

पूरा भईल बिधार्थी जमघट मे संघीय समाजबादी फोर्म पर्सा के कार्यवाहक अध्यक्ष सुन्दर कुर्मी, जिल्ला प्रवक्ता रामनरेश यादव, पूर्व नगर अध्यक्ष लखनलाल गुप्ता, नगर बरिष्ट उपाध्यक्ष घनश्याम गुप्ता सहित के उपस्थिती रहे । कार्यक्रम के दौरान ही कमिटी ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस खातिर ७ गो बहारण रखेवाला डब्बा (डस्टबिन) हस्तांतरण कईले रहे ।

प्रतिकृया
Loading...