The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

समाजवादी पार्टी द्वारा वीरगंज मे रक्तदान कार्यक्रम

वीरगंज, २१ जेठ ।

समाजवादी पार्टी एकाइ समिति वाड नम्बर १० के आयोजना मे आजू बुध के दिने रक्तदान कार्यक्रम पूरा भइल बा । लकडाउन के कारण जिल्ला भर रक्तदान कार्यक्रम आयोजना नाभइला से रक्त संचार केन्द्र वीरगंज मे लहू के अभाव के वजह से यी रक्तदान कार्यक्रम के आयोजना कईल गईल जानकारी मिलल बा ।

समाजवादी पार्टी के वीरगंज महानगपलिका कार्यपालिका सदस्य शुशील साह कानू रक्तदान क के यी कार्यक्रम के शुरुवात कईले । रक्तदान कार्यक्रम मे ४ महिला समेत ६६ जने लहू दान कईले लोग ।

समाजवादी पार्टी वाड नम्बर १० के एकाइ अध्यक्ष जोगीन्द्र प्रसाद कानू के सभापतित्व यी कार्यक्रम मे पूरा भइल । कार्यक्रम मे पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष रामनरेश यादव के प्रमुख आतिथ्य रहल रहे । ओइसे ही पार्टी के महानगर कार्यपालिका सदस्य शुशील साह कानू के विशिष्ट आतिथ्य रहल कार्यक्रम मे जिल्ला सचिव तबरेज अहमद, वरिष्ठ नेता सुन्दर कुर्मी, महानगर कमिटी के अध्यक्ष इश्वर चन्द्र यादव, समाजवादी बिधार्थी यूनियन जिल्ला अध्यक्ष एजाज बाबू रांकी, समाजवादी बिधार्थी यूनियन के केन्द्रीय सदस्य निखिल वर्णवाल, पार्टी के नेता घनश्याम यादव, लखन कानू, संतोष माहराठा समेत के उपस्थिती रहल रहे ।

कार्यक्रम के सम्बोधन करत वक्तालोग लहू के अभाव हो रहल समय रक्तदान कार्यक्रम आयोजना कईल बहुते सराहनीय काम भइल बतवले लोग । कोरोना वायरस के संक्रमण कम राखे खातिर सामाजिक दूरी कायम कर के ज़रूरियात सुरक्षा सावधानी अपनावे खातिर वक्ता लोग निहोरा कइलख पार्टी के जिल्ला अध्यक्ष रामनरेश यादव जानकारी करवले ।

प्रतिकृया
Loading...