समाजवादी महिला संघ प्रदेश न. २ के बरिष्ट उपाध्यक्ष मे पिंकी यादव निर्विरोध निर्वाचित

528

वीरगंज, २८ कुवार ।

समाजवादी पार्टी नेपाल निकट समाजवादी महिला संघ प्रदेश नम्बर २ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष महिला नेतृ पिंकी यादव निर्विरोध निर्वाचित भइल बाड़ी । गोपाल सेवा सदन लाहान मे आयोजीत कार्यक्रम मे समाजवादी महिला फोरम आ नया शक्ति महिला संघ के समायोजन हो के महिला नेतृ यादव बरिष्ट उपाध्यक्ष मे निर्विरोध निर्वाचित भइली ।

कार्यक्रम मे बोलत नेतृ यादव नेतृत्व वर्ग महिला के भी राजनीति संघे सामाजिक, रोजगारी जईसन क्षेत्र मे पुरुष जेतना ही समानपूर्वक समायोजन करे के बतवली ।  उ कहली महिला के सहभागिता बिना कौनों भी क्षेत्र के बिकास संभव नईखे । महिला के दबा के ना माकिर हरेक क्षेत्र मे स्वतंत्र रूप से सही कार्य करे के प्रोत्साहित कर के घर भीतर रहल महिला लोग के भी सामाज आ देश के सेवा खातिर घर के चौखट से बाहर लियावाल बहुते जरूरी बा नेतृ यादव के कहनाम रहे ।

घर भीतर दबा के सदियो से घोघ टांग के रहल महिला सब के बिकास आ समाज मे महिला के कमजोर समझेवालन के दृष्टिकोण के बादल के सामज आ राष्ट्र के खातिर मधेस के महिला भी कम समय मे उदाहरणीय कां क के देखा सकता लोग नेतृ यादव कहली । उ महिला नेतृत्व खातिर कौनों कसर बाकी ना रखिए समाजवादी महिला संघ के प्रदेश नम्बर २ मे दोसार पार्टी के महिला संघ से मजबूत बना के देखावे के प्रण कईली ।

याद रहे की वीरगंज महानगरपालिका के स्थानीय चुनाव मे उपप्रमुख के उमेदवार पिंकी यादव बहुते कम समय मे राजनीति मे सक्रिय महिला के भूमिका खेलत आइल बाड़ी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here