The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

सयकड़ो भारतीय नागरिक वीरगंज ICP गेट पर, शौच के उचित ब्यावस्थपन ना भइला से दोसर बेमरी फइले के जोखिम उच्च

वीरगंज, १७ जेठ ।

वीरगंज के ICP ( इंटीग्रेटेड चेक पोस्ट ) पर लकड़ाउन मे सयकड़ो भारतीय नागरिक दोधार मे परल देखल गईल । स्थानीय निकाय, सुरक्षा निकाय आ भारतीय दूतावास के सहकार्य मे भारतीय नागरिक के ICP होते हुवे भारत के रक्सौल भेजे के व्यवस्था कईला पर भी एक बेर मे सब कोई के भेजे ना सकला से सयकड़ों भारतीय नागरिक दोधार मे परल बा लोग ।

आज लकडाउन के ६७ वा दिन भी नेपाल मे अनेकन रोजगार आ ब्यापार कर रहल भारतीय नागरिक के कोरोना महामारी के कारण घरे वापसी के क्रम जारी बा । दिन पर दिन बढ़ रहल भारतीय नागरिक लोग के एगो टेंट के आड़ मे व्यवस्थापन कईल गईल बा । जवन आज के आन्ही पानी भी उ टेंट के उधिया देहल के खबर वीरगंज के समाज सेवी प्रकाश थारु आपनवीरगंज के जानकारी करवनी ।

ICP के आगा भीड़ मे रहल भारतीय नागरिक लोग ना त शोषल डिस्टेन्सिंग मेंटेन कर रहल बा ना ही उलोग के उचित खाना के बंदोबस्त कईल गईल बा । कबो ग्रिन सिटी त काबों स्थानीय जनता के सहारे उ लोग के खाना के व्यवस्था हो रहल बा जानकारी मिलल ।

समाज सेवी थारु के माने त ICP के गेट पर रहल भारतीय नागरिक लोग के सब से बाड्का समस्या शौच के रहल बा । शौचालय के उचित व्यवस्थापन ना भइला से जेकरा जहा मन करता उहे शौच करे बईठ जात बा लोग । शोसल डिस्टेन्सिंग मेंटेन ना भइला से आ जहा मिलल ऊहा शौच कईला से कोरोना के साथ साथे अनेकन बेमारी फईले के जोखिम उच्च देखल जा रहल बा ।

प्रतिकृया
Loading...