The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

सरकार के बिरोध करत धनुषा आ सप्तरी मे प्रधानमन्त्री के पुतला दहन

जनकपुरधाम, ९ आसाढ़ ।

नेपाली नागरिक से वियाह करेवाला विदेशी महिला के ७ साल के बाद अंगीकृत नागरिकता देवे के प्रावधान के विरोध मे मंगर के दिने भी प्रदेश २ के अनेकन जिल्ला मे प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के पुतला दहन करत प्रदर्शन कईल गईल ।

प्रदेश के अस्थायी राजधानी जनकपुरध्हाम सहित लगभग सारा जिल्लन मे प्रदर्शन भइल बा । प्रदर्शंनकारी रोटीबेटी के सम्बंध बिगाड़े के ना मिली, १० अर्ब से ध्यान हटावे के ना मिली, महिला उपर  विभेद, अत्याचार करे के ना मिली जइसन नारा लगवले रहे लोग ।

प्रदेश २ के लगभग सारा जिल्ला मे मंगर के दिने जनता समाजवादी पार्टी के अगुवाई मे प्रदर्शन भइल बा । प्रदर्शनकारी लोग जनकपुरधाम मे प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के पुतला दहन कईले बा लोग । यीहा के प्रदेश सांसद रमाशीष यादव समेत के सहभागिता मे निकालल’ गईल विरोध जुलूस के बाद स्थानीय जनक चउक  मे प्रधानमन्त्री के पुतला जरवले रहेलोग । ओइसे ही सप्तरी के राजविराज मे भी प्रधानमन्त्री के पुतला जरावल गइल रहे ।

स्थानीय जनआन्दोलन चउक मे प्रधानमन्त्री ओली के पुतला जरावे के समय मे प्रहरी आ प्रदर्शनकारी बीच साधारण हाथापाई भी भइल रहे । राजविराज मे नेपाली कांग्रेस के युवा नेता लोग भी प्रदर्शन कईले रहे लोग । स्थानीय गजेन्द्र चउक मे जम्मा हो के युवा लोग प्ले कार्ड के साथ प्रदर्शन कईले युवा नेता इरसाद अंसारी जानकारी करवले । महोतरी सदरमुकाम जलेश्वर मे भी नागरिकता विधेयक के विरोध मे सरकार बिरोधी प्रदर्शन भइल बा । जनता समाजवादी पार्टी के अगुवाई मे निकालल गइल विरोध जुलूस मे नया वैवाहिक अंगीकृत नागरिकता प्रावधान ना मानल जाई, रोटीबेटी के सम्बंध तूरे के ना मिली जइसन नारा लगावल गईल रहे ।

पर्सा के विरगंज मे भी जनता समाजवादी पार्टी के नेता/कार्यकर्ता प्रदर्शन कईले बा लोग । उ लोग ७ साल के बाद अंगीकृत नागरिकता देवे के विधेयक खारिज करे के मांग करत प्रदर्शन कईले बा लोग ।

प्रतिकृया
Loading...