सरकार जुटल एकीकृत जाँच चौकी (ICP) संचालन के अंतिम तैयारी मे

96

बीरगंज, १९ चईत

बीरगंज के अलौ सीरिसिया मे निर्माण भईल एकीकृत जाँच चौकी (ICP) चईत महिना के भीतरे संचालन मे लियावेके अंतिम  तैयारी सरकार ज़ोर तोड़ से भीरल बा । भारत सरकार द्वारा नेपाल खातिर निर्माण कईल गईल एकीकृत जाँच चौकी के भौतिक आ प्रबिधिक निर्माण पूरा कर के भारत सरकार नेपाल सरकार के बितल चईत ११ गते हस्तांत्रण कईले रहे ।

एकीकृत जाँच चौकी निर्माण के कागजात चईत ११ गते बिरगंज स्थिति भारतीय महाबाणिज्य दूतावास के दूत बीसी प्रधान नेपाल मे बनल एकीकृत जाँच चौकी के जिम्मेवारी इंटर मॉडल यातायात बिकास बोर्ड के हेमेन्द्र मोहन जोशी के हस्तांत्रण कईले ।

भारतीय सरकार एकीकृत जाँच चौकी नेपाल सरकार के हस्तांतरण कर देहला के बाद नेपाल सरकार संचालन के तैयारी मे ज़ोर सोर से जुटल देखल गईल । हस्तांतरण कार्यक्रम मे भारतीय महाबाणिज्य दूतावास बीरगंज मे उधोग बणिज्य तथा आपूर्ति मन्त्री मातृका प्रसाद यादव, नेपाल के खातिर भारतीय राजदूत मंजीत सिंह पूरी आ दुनु देश के उच्च अधिकारी के टोली उपस्थिती रहल । एकीकृत जाँच चौकी हस्तांत्रण के बाद सभे कोई एकीकृत जाँच चौकी के स्थलगत निरीक्षण कईले लोग ।

अलौ मे भारत द्वारा निर्माण कईल एकीकृत जाँच चौकी मे बीरगंज के मुख्य सीवान पर रहल भन्सार कार्यालय भी कुछ समय के बाद यीहे स्थानांतरण कईल जाई । एकीकृत जाँच चौकी संचालन मे अईला के बाद आयात आ निर्यात करता लोग के काम मे सहजता आ समय के बचत होई अनुमान बा ।

एकीकृत जाँच चौकी संचालन मे अईला के बाद बीरगंज आ रक्सौल सीवान पर लागेवला सवारी जाम से आम जनता के छुटकारा, यातायात मे सहजता, आवाज प्रदूषण से छुटकारा, वायु प्रदूषण से छुटकारा, राजस्व चुहावट मे कमी, भन्सार मे होखेवाला चोरी निकासी मे कमी, बिनाकाम भन्सार मे लागेवला भीड़ मे कमी आ राजश्व संकलन मे बृद्धि के आपेक्षा कईल गईल बा ।

श्रोत : अन्नपूर्ण पोस्ट

 

 

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here