सरकार मे जाए खातिर फोरम द्वारा सत्तारुढ नेकपा से दुबुँदे कर्मकाण्डी सहमती

    304
    सहमती पत्र मे हस्ताक्षर कर रहल प्रधानमन्त्री ओली, नेपका अध्यक्ष प्रचण्ड आ फोरम अध्यक्ष यादव

    काठमाण्डौ, १४ जेठ ।
    नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी आ संघिय समाजवादी फोरम वीच दुबुँदे सहमति भइल बा । सहमती संगे उपेन्द्र यादव नेतृत्व के फोरम सरकार मे सहभागी होई ।

    सोमबार बालुवाटार मे भइल बैठक मे प्रधानमन्त्री समेत रहल नेकपा के अध्यक्ष केपी शर्मा ओली, अध्यक्ष प्रचण्ड आ फोरम अध्यक्ष उपेन्द्र यादव दुअबुंदे सहमती पत्र हस्ताक्षर कइले बाडे लोग ।

    सत्तारुढ नेकपा सहमति के अधार मे संविधान संशोधन करेलाय लिखित सहमति जनइले बा ।

    फोरम से आन्दोलन के क्रम मे उठावल गइल माग आ मुद्दा सब के सम्बन्ध मे संविधान संशोधन सम्बन्धित विषय सब देश जनता के पक्ष मे आपसी सहमती के अधार मे संविधान संशोधन गरी सम्बोधन कइल जाई, सहमति के पहिलका बुँदा मे कहल गइल बा ।

    फोरम ओली सरकार मे सहभागी हाखे के दुसरका सहमति बा ।

    नेकपा आ फोरम बिच भइल दुअबुंदे सहमती पत्र
    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here