The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

सरकार लियाइल १४ खरब ७४ अरब ६४ करोड़ के बजेट (पूर्ण बजेट पाठ सहित)

काठमाण्डू, १५ जेठ ।

सरकार आर्थिक वर्ष २०७७/७८ के बजेट सार्वजनिक कईले बा । बुध के दिने संघीय संसद मे अर्थमन्त्री डा. युवराज खतिवड़ा १४ खरब ७४ अरब ६४ करोड़ रोपेया बराबर के बजेट पेश कईले बाड़े ।

चालू आर्थिक वर्ष २०७६/७७ के खातिर सरकार १५ खरब ३२ अरब ९६ करोड़ ९१ लाख रोपेया बराबर के बजेट लियाइल रहे ।

आवेवाला आर्थिक वर्ष खातिर चालू तरफ ९ खरब ४८ अरब, पूंजीगत तरफ ३ खरब ५२ अरब ९१ करोड़ आ वितिय व्यवस्था तरफ १ खरब ७२ अरब रोपेया के बजेट बिनियोजन कईल गइल बा ।

बजेट के श्रोत व्यवस्थपान मे राजस्व से ८ खरब ८९ अरब रोपेया, वैदेशिक अनुदान से ६० अरब वैदेशिक ऋण से २ खरब ९९ अरब रोपेया जुटावल जाई अर्थमन्त्री खातिवड़ा बतवले ।

आंतरिक ऋण से २ खरब ९९ अरब रोपेया उठावे के जानकारी देहले ।

पूर्ण बजेट पाठ सहित :

बजेट_वक्तव्य_२०७७_website

प्रतिकृया
Loading...