The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

सशस्त्र प्रहरी के ज्यादती के बिरोध मे भिस्वा मे टायर जरा के प्रदर्शन

भिस्वा, १० आषाढ़ ।

 पर्सा जिल्ला के छिपहरमई गांवपालिका के भिस्वा बाजार मे आज स्थानीय लोग सशस्त्र प्रहरी के विरोध मे टायर जरा के प्रदर्शन कईले बा लोग । सशस्त्र प्रहरी बेस क्याम्प भिस्वा बंजारी के ज्यादती के बिरोध मे उ लोग प्रदर्शन कईले बा ।

स्थानीय २ जने युवक लोग के बिना कारण कस के पीट देहला के बाद स्थानीय लोग ईटा पत्थर चलवात प्रतीकार कईले रहे लोग । सशस्त्र प्रहरी के आधा दर्जन से बहूती रहल प्रहरी जवान गाड़ी रोक के भिस्वा निवासी अजय साह आ जहागीर मिया के पिटला के बाद स्थानीय लोग प्रतीकार मे उतरला के बाद भिस्वा के स्थिति कुछ समय खातिर तनावपूर्ण भइल रहे । स्थानीय लोग भिस्वा चउक पर जम्मा हो के प्रतीकार मे उतरला के बाद सशस्त्र प्रहरी आपना गाड़ी मे चढ के भागल रहेलोग स्थानीय जनता के कहनाम रहे ।

सशस्त्र प्रहरी के दिन पर दिन बढ़ रहल स्थानीय जनता के देहल दुख, बिना कारण धाक धम्की देवे के आ उ लोग जे करता सब ठीक करता सशस्त्र प्रहरी के रवैया दिन पर दिन बढ़त गाइला के कारण स्थानीय लोग टायर जरा के प्रदर्शन मे उतरे खातिर मजबूर भइल लोग स्थानीय जनता के कहनाम बा ।

स्थानीय लोग के हिसाब से सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक हरी पराजुली के आदेश मे तस्कर के छुट आ जनता के दुख देवे के काम सशस्त्र प्रहरी कर रहल बा ।

प्रतिकृया
Loading...