सश्स्त्र प्रहरी बल भईल शर्मसार, औरतन के साथ सश्स्त्र जवान कईलख अमानवीय ब्यावहार

    320

    वीरगंज, ७ अगहन ।

    काल्ह बियफे के दिने एगो औरत के वीरगंज-रक्सौल सीवान एरिया इनरवा मे सरेआम झोटा पकड़ के लासारत आ घिसियावत सशस्त्र प्रहरी के अमानवीय काम के ले के सामाजिक संजाल से हर जगह आलोचना के पात्र सश्स्त्र प्रहरी बनल बा । सामाजिक संजाल फेसबुक के मार्फत भाईरल बनल फोटो आ भिडियो अभी देश के हर जगहन पर सश्स्त्र प्रहरी के अमानवीय काम निंदनीय बनल बा ।

    आर्थिक नगरी वीरगंज आ भारत के रक्सौल बीच के सीवान अगल बगल मे एह पार से ओह पार आ ओह पार से एह पार सर सामान हेलावल आ टपावाल आम कौओ भी सीवान एरिया खातिर आम बात मानल जाला । काल्ह के भाईरल बनल फोटो आ भिडियो मे कुछ सश्स्त्र प्रहरी के जवान एगो औरत के झोटा पकड़ के घिसिया रहल आ लासार रहल देखल जा सकता । उ औरत के बचाव खातिर एगो नवालिक बच्ची सहित कुछ औरत के भी देखल जा सकता । फोटो आ भिडियो मे यी सारा तमासा अगल बगल मे खड़ा बहुते आदमी भी देख रहल बा माकिर बचाव खातिर कोई आगा नईखे आईल ना ही सश्स्त्र के जवान आपण जिद्ध से पीछे हटल बाड़े ।

    कौनों भी गलती के मतलब यी ना होखे के सारे आम कोई के आत्मसम्मान के हत्या कर देहल । कोई भी आदमी के मर्यादा आ आत्मसम्मान मे चोट पाहुचावत कानून के नियम पालन करेवला निकाय आ कारवाही एगो सभ्य समाज खातिर बर्दाश्त करेवाला योग्य नईखे हो सकत । कानून भी राज्य के कौनों निकाय मे काम करेवाला कोई भी राष्ट्रसेवक कर्मचारी या सुरक्षा कर्मी से अइसन अराजक गतिविधि के अधिकार ना देवेला ।

    सामाजिक संजाल से ले के जनता के मौखिक बिचार भी अभी सश्स्त्र प्रहरी के अमानवीय गतिबिधी प्रति बहुते लज्जित महसूस करत दोषी के उपर जल्दी से जल्दी कार्वाही करे के मांग कर रहल बा । फोरम के संसद आ जनप्रतिनिधि प्रदीप यादव भी यदि दोषी के उपर कार्वाही ना होई त आन्दोलन करे के चेतावनी देहले बाड़े ।

    ओइसेही फोरम के कुछ राजनीति कर्मी लोग आजू जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे जिल्ला अधिकारी के दोषी के उपर कार्वाही करे के मांग करत ज्ञापन देहले बा लोग । हर जगह से उठ रहल आवाज के मध्येनजर राखत सुरक्षा निकाय फोटो आ भिडियो मे औरत के साठे दुर्ब्यावहार कर रहल प्रहरियन के नियमावली अनुसार होखे वाला कार्वाही आगा बढ़ावले बा अइसन खबर मिलल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here