सांसद यादव आ मेयर सरावगी के बिरोध में फेसबूक में अश्लिल शब्द लिखला के आरोप में एक जने गिरफ्तार

 सांसद यादव आ मेयर सरावगी के बिरोध में फेसबूक में अश्लिल शब्द लिखला के आरोप में एक जने गिरफ्तार

वीरगंज, २४ भादो

पर्सा क्षेत्र न. १ के सांसद प्रदिप यादव आ बिरगंज महानगरपालिका प्रमुख विजय सरावगी के बारे में फेसबूक मे अश्लिल शब्द लिखला के आरोप में बिरगंज महानगरपालिका के कर्मचारी पकडाइल बाड़े ।

आयुष राज नाम के फेसबूक आई.डी. बना के चलावेवाला व्यक्ति सांसद यादव आ मेयर सरावगी के फोटो राख के परिवारजन समेत के बारे मे अश्लिल शब्द प्रयोग करत सेप्टेम्बर ५ तारिख २० भदौ ४ बजेर ४१ मिनेट में सामाजिक सञ्जाल फेसबुक में लिखे के आरोप में छपकैया निवासी मुर्ली में रहत आईल असलम अंसारी पकडाइल बाड़े ।

मेयर विजय कुमार सरावगी के चुनाव में सहयोग कइला के कारण मेयर सरावगी कुछ दिन अगाडी असलम अंसारी के बिरगंज महानगरपालिका में कार्यालय सहयोगी के रुप में नियुक्ति देहले रहले ।

यी प्रक्रण में जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा तेज गति में अनुसन्धान कर रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *