सात समुन्दर पार मनावल गइल छठ परब (फोटो फीचर सहित)

    357

    अमेरिका, २० कार्तिक

    सात समुन्दर पार अमेरिका में कनकनाएवाला जाड़ में लोक आस्था के महापर्व छठ मनावल गइल बा । ई लोक-परब के परदेस में भी रह के आपन धर्म, कला, संस्कृति के जोगा के राखे खातिर आ महापर्व छठ के साथे मधेशी संस्कृति के विश्व के चिन्हावे खातिर न्यूयोर्क अल्बानी मधेशी समाज, अमेरिका के मधेशी युवा लोग द्वारा न्यूयोर्क राज्य के राजधानी अल्बानी के हिन्दू मन्दिर में रहल पोखरी में एह पर्व के आयोजना कइल गइल ।

    नहाय खाय से शुरु भइल पबनी ४ दिन ले अनेकन पूजा बीध कके मनावल गइल । २ नोवेम्बर के सँझिया घाट के डूबत सूरुज के आ ३ नोवेम्बेर के सबेरे उगत सूरुज के अरघ देके सम्पन्न भइल।

    छठ व्रती सिम्रौनगढ़ के निर्मला सिंह आ रौतहट के फुला देवी पोखरा में जाके सूरुज देवी के अरघ देनी। अमेरिका, नेपाल, भारत , बंगलादेश, पाकिस्तान लगायत विश्व भर के छठ पर्व में आस्था राखेवाला सब भाइ-बहिन लोग के सघन उपस्थिति रहे।

    कनकनाएवाला जाड़ के बीच भी करीब २०० लोग सूर्य भगवान के नमन कैलख लोग । विश्व में मधेसी संस्कृति आ कला-पहचान बढ़ावे खातिर न्यूयोर्क अल्बानी मधेशी समाज, आ छठ पर्व के संजोयक प्रशान्त साह(सर्लाही) के अगुवाई में ५१ सदस्यीय कमिटी बनावल गइल। बीतल साल भी भारी बरफ बारीके बीच न्यूयोर्क अल्बानी मधेशी समाजद्वारा छठ पर्व के आयोजना कईल गईल रहे ।

    अनेकन कार्यक्रम मार्फत मधेशी सँस्कृति के विश्व के सोझा चिन्हावे खातिर अग्रसरता के साथे नेपाल मधेश में हर संभव सहयोग के प्रतिबद्धता ला न्यूयोर्क अल्बानी मधेशी समाज, अमेरिका साथ रही कहके विजय चंद्र जानकारी करौले बानी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here