सानो पाइला द्वारा मजदुर दिवस के उपलक्ष्य में नि:शुल्क स्वास्थ्य शिविर संपन्न

161

बईसाख १८ गते, वीरगंज

आजु मजदुर दिवस के उपलक्ष्य में सानो पाइला वीरगंज के माइस्थान पार्क में नि:शुल्क स्वास्थ्य शिविर संचालन कईलख। इह्ह स्वास्थ्य शिविर में करीब १२८ जना के जांच भइल ह। वीरगंज के वरिष्ठ डाक्टर लोग इह शिविर में जांच कईलख लोग।  डा राकेश कुमार झा, डा एस. एन. यादव, डा रामाशंकर गुप्ता, डा राजेश स्वर्णकार, डा मो. राज्जा, डा संजय जैसवाल आ डा अरुण यादव आजु के शिविर में बैठल रानिह। ओइसेही नेपाल विज़न केयर अस्पताल ओरीसे भी सेवा पदेवल गईल रलख। शिविर में पेट के समस्या, छाती के समस्या, आँख के उपचार, आ और साधारण समस्या सब के जांच भईल रलख।

आपन वीरगंज से बात करत सानो पाइला के कार्य्रकम आ सेवा प्रमुख रौनक राज सर्राफ कहनी- “सानो पाइला माइस्थान चौक पर के कामदार लोग के लक्षित करके इह शिविर संचालन कईलख। हमनी पहिले सी ही मजदुर दिवस के अवसर पर नि:शुल्क स्वास्थ्य शिविर संचालन करत आराहल बानीसन। “

कार्यक्रम के अन्तिम में बोलत सानो पाइला के प्रमुख कार्यकारी अधिकृत कन्चन झा जानकारी देनी की जल्द ही सानो पाइला स्वास्थ सेवा केंद्र खुलेवाला बा जेमे पर्सा जिल्ला के गरीब जनता सब नि:शुल्क में ही जांच करासकता।

मई १ के हरेक साल मजदुर दिवस मनावल जाला।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here