सामाजिक परिचालक सब के आन्दोलन अभि भी जारी, मांग पुरा नाहोखे तक जारी रही संघर्ष समिति

191

पर्सा, २० चइत ।
पर्सा के गरिबि निवारण सामाजिक परिचालक सब के आन्दोलन अभि भी जारी रहल बा । स्थानिय तह मे समायोजन लगायत के मांग करत चइत १२ गते से सुरु भइल आन्दोलन अभि भी जारी रहल प्रेष बिज्ञप्ती मार्फत जनावल गइल बा । गरिबि निवारण सामाजिक परिचालक कर्मचारी संघर्ष समिति, पर्सा के सचिव जयशिव पंडित द्वारा हस्ताक्षरित प्रेस बिज्ञप्ती मार्फत हमनी के आन्दोलन जारी रहल आ मांग पुरा ना होखे तक जारी रहे के जनावल गइल बा ।
आन्दोलन के कार्यक्रम अन्तर्गत संघर्ष समिति से चइत १४ गते जिल्ला समन्वय समिति मे रहल गरिबि निवारण कोष जिल्ला इकाई कार्यालय मे अनिश्चितकाल के खाति कइल गइल तालाबन्दी फोड के कार्यालय संचालन कइल गइल कार्य के भत्र्सना समेत कइल गइल बा । संघर्ष समिति के विना सुचना देहले बल प्रयोग कर के ताला फोडल गइल कार्य प्रति हमनी के गम्भीर ध्यान आकर्षण भइल समेत विज्ञप्ती मे उल्लेख बा । जिल्ला समन्वय समिति से संघर्ष समिति के वार्ता मे बोला के मांग सम्बोधन करे के साटा शान्ति पूर्ण आन्दोलन के कार्यक्रम अन्तर्गत कइल गइल ताला बन्दी फोड के गरिबि निवारण कोष इकाई कार्यालय, पर्सा गैर जिम्मेवार बनल बिज्ञप्ती मार्फत आरोप लगावल गइल बा ।
अहीसही गरिबि निवारण सामाजिक परिचालक कर्मचारी संघर्ष समिति पर्सा के आज बइठल बइठक अनेकन निर्णय कइलख जनावल गइल बा । संघर्ष समिति के अध्यक्ष समिर कुमार पटेल के अध्यक्षता मे बइठल बइठक गरिबि निवारण कोष के पर्सा कार्यप्रबन्धक रामविनय पासवान के रवइया प्रति आक्रोष ब्यक्त करत ज्ञापन पत्र बुझावला के साथे कार्य कक्ष मे तालाबन्दी समेत कइला पर पसवान से विभिन्न कार्य क्षेत्र मे पुग के गलत आ भ्रमात्मक बात राखे लग्ला पर संघर्ष समिति के गम्भीर ध्यान आकर्षण भइल सचिव पंडित द्वारा हस्ताक्षरित विज्ञप्ती मार्फत जनावल गइल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here