छपकैया पोखरा के जग्गा व्यक्ति के नाम मे, विरोध मे टायर बार के प्रदर्शन

260

वीरगंज, चईत १२

पुर्खों से सार्वजनिक रहल छपकैया पोखरा के ब्यक्ति के नाम पर किर्ते कईला के बिरोध मे आजू छपकैया वासी बिरोध प्रदर्शन कईले बा लोग । छपकैयावासी आजू सबेरे वीरगंज वडा नं २ के मेन रोड पर टायर बार के प्रदर्शन कईले बा लोग । टायर बरला के बाद आंदोलित समूह पर्सा जिला प्रसासन कार्यालय मे प्रमुख जिला अधिकारी समक्ष ज्ञापन पत्र बुझावे खातिर छपकैया से प्रदर्शन करत घंटघर तक पहुचल रहे ।

घंटाघर तर पत्रकार लोग से आपन मुद्दा के सम्बोधन खातिर पहल करेके उ लोग के मांग रहे । आपन वीरगंज से बात करत ऐतिहासिक धरोहर तथा सार्वजनिक सम्पदा संरक्षण अभियान के संयोजक जफर अंसारी बतवनी की छपकैया के ही रहनियार प्रमोद विक्रम साह अनेकन जालसाजी करके सदियो से ऐतिहासिक तथा धार्मिक छपकैया पोखरा के ब्यक्तिगत किर्ते करावे मे उ सफल भइल बाड़े, जवन की अंसारी के मुताबिक गलत बा ।

अंसारी के मुताबिक ऊहा लोग के विक्रम साह द्वारा हासिल कईल गईल सर्वाजनिक पोखरी के लालपुर्जा बदर, नापि बदर खातिर अदालत मे मुद्दा दायर कईले रहनी जेमे सम्मानित अदालत से पाँच दिन पहिले ओह लोग के पक्ष मे स्टे ऑर्डर आइल रहे आ उक्त कित्ता पर कवनों किसिम के निर्माण या माटी भरे पर रोक लगवाल रहे ।

बाक़िर सम्मानित अदालत के उक्त निर्णय के अपहेलना करत साह द्वारा बलमिचयाई करत आपन गुंडा लोग परिचालन करके फेर से माटी भरावल शुरू भइला पर स्थानीयवासी के सहयोग लेके अंसारी वडा प्रहरी विर्ता पूगल रहनी । ओकर बाद जब प्रहरी सम्मानित अदालत के आदेश मुताबिक जग्गा खाली करावे गईल त साह आपन गुंडा लोग सहित भग गईल अंसारी विर्ता प्रहरी के इंस्पेक्टर अनीश कर्ण बतवनी ।

इहे क्रम मे संयोजक अंसारी साथे महिला सहित के स्थानीय लोग ई धार्मिक आ ऐतिहासिक पोखरा के बचावे खातिर आ जब ले सम्मानित अदालत से अन्तिम फैसला नईखे आजात ओह बेर तक यथा स्थिति मे पोखरी के रखे खातिर जिल्ला प्रसासन कार्यालय प्रमुख लगे आपन ज्ञापन पत्र बुझवे आइल अंसारी बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here