साह के अन्तिम संस्कार सम्बंध मे गलत प्रचार करेवाला उपर कारवाही करे के मांग

 साह के अन्तिम संस्कार सम्बंध मे गलत प्रचार करेवाला उपर कारवाही करे के मांग

CREATOR: gd-jpeg v1.0 (using IJG JPEG v62), quality = 82

वीरगंज, ०२ भादो ।

पर्सा जिल्ला के वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १३ शिवनगर टोला के स्वर्गीय लालबाबू साह कलवार के अन्तिम संस्कार सम्बंध मे गलत प्रचार करेवाला उपर राष्ट्रीय एकता अभियान करवाही करे के मांग कईले बा ।

अभियान के केन्द्रीय सदस्य कृष्ण साह मंगर के दिने पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी आसमान तामाङ के ज्ञापन पत्र बुझावत एतवार के दिने भइल लालबाबू साह कलवार के अन्तिम दाह संस्कार के सम्बंध मे हिन्दू बिरोधी तत्व फैलावल आ दुष्प्रचार कईल उपर खोज तलास कर के दोषी उपर करवाही के मांग कईले बा ।

केन्द्रीय सदस्य साह निषेधाज्ञा के कारण प्रमुख जिल्ला अधिकारी तामाङ के समन्वय मे जिल्ला प्रशासन कार्यालय के ईमेल मे ज्ञापन पत्र भेजत अन्तिम दाह संस्कार के बारे मे गलत प्रचार कर के हिन्दू समाज के बदनाम करे के विरुद्ध करवाही करे के मांग कईले बा लोग ।

उनकर भेजल ज्ञापन पत्र मे कोरोना संक्रमण के कारण साह के अन्तिम दाह संस्कार कार्यक्रम मे हिन्दू सामज से कोई जाए के तैयार ना भइला से संबन्धित वाड के अध्यक्ष तूफान अंसारी कुछ स्थानीय मुस्लिम समुदाय के युवा के सहयोग से मृतक के अन्तिम दाह संस्कार भइल झूठा प्रचार कईल गईल क़हत अइसन काम के आ कवन उदेश्य से काहे कइलख ? यी खोज तलास के बिषय बा लिखल गईल बा ।

मृतक के दाह संस्कार पूर्ण रूप से हिन्दू समुदाय द्वारा हिन्दू रीतिरिवाज से ही भइल आ ओह क्रम मे मुस्लिम समुदाय के एम्बुलेंस चलवनिहार मुखाग्नि देवेवाला आदमी के मुंडन करे मे सहयोग खाली कईले आ कुछ मुस्लिम समुदाय के युवा लोग भी सहयोग कईले लोग लिखल बा । पर ओकरा के हिन्दू विरोधी तत्व तोड़ मरोड़ के परोसलख आरोप लगावल गईल बा ।

एकरा साथे ही यी हिन्दू धर्म संस्कृति के बिरोध के कार्य ही खाली ना हो के नेपाल के धार्मिक सद्भाव बिगारे के प्रयास भइल क़हत घटना के जल्दी से जल्दी खोज तलास आ अनुसंधान कर के दोषी उपर करवाही करे के मांग कईल गइल बा ।

 

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *