सिडिओ भट्टराई के अवश्था नाजुक, इलाज खातिर काठमांडू भेजल गइल

    98

    आस२, वीरगंज, १३ माघ । 

    शनिश्चर के रात में सवारी दुर्घटना में परके गम्भीर रुप से घायल भइल बारा जिल्ला के सिडिओ गणेशप्रसाद भट्टराई के वीरगंज में इलाज संमभव ना भइला बाद एतवार के सबेरे अउर इलाज के खातिर हेलिकप्टर से काठमाड़ू लेगइल गइल बा ।

    शनिश्चर के रात ११ बजे तक नाइटभीजन से काठमांडू लेजाए के प्रयास असफल भइल बाद एतवार के सबेरे काठमांडू लेके गइल उनकर परिवारजन जनवले बानी । भोरे ही भेजेके के कोसिश कइला बाद भी मौसम खराबी के कारण दिक्कत भइल रहे ।

    शनिश्चर के साँझ के सिडिओ भट्टराई सवार बा १ झ १६३३ नम्वर के स्कारपिओ गाडी पूरुब-पश्चिम राजमार्ग में परेवाला बारा के पसाहा पुल नियरे दुर्घटना भइला बाद बारा में कार्यरत सशस्त्र प्रहरी के एसपी बलराम पोखरेल के मौत भइल रहे ।

    दुर्घटना में घायल सिडिओ भट्टराई के अवस्था चिन्ताजनक बा । उनकर सुरुवाति इलाज वीरगंज स्थित वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल में भइल रहे । सिडिओ भट्टराई के मुडि में गम्भीर चोट लागला से स्थिति नाजुक रहल इलाज में जुडल डॉक्टर सभन बतवले बानी । सिडिओ भट्टराई के लेवेके खातिर काठमाडौं से ग्राण्डी अस्पताल के डॉक्टर सहीत के टोली हेलिकप्टर लेह के वीरगंज चहुपल रहे ।

    दुर्घटना में सिडिओ भट्टराई के गाडी ड्राइभर जगतप्रसाद पटेल, अंगरक्षक शम्भु गुरुङ आ एसपी के अंगरक्षक सञ्जयकुमार यादव हल्का घायल भइल बाडन । तीनु जने के हेल्थ केयर अस्पताल वीरगंज में इलाज होरहल बा ।

    कर्मचारी मिलन केन्द्र बारा से आयोजना कइल पिकनिक के बाद सर्लाही के हरिवन में रहल आपन घर में चहुप के घरे लवट रहल सिडिओ भट्टराई सवार गाडी पसाहा नदि के रास्ता में रोक के राखल नम्बर ना खुलल ट्याक्टर के टेलर में ठोकइला बाद दुर्घटना भइल रहे ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here