सिम्रौनगढ़ मे कृषि विकास बैंक के शाखा सुरू भईल, इंटरनेट-एसएमएस बैंकिंग सेवा भी लेसकाल जाई

222

प्रभु यादव, कलैया । पुस २३ ।

बारा के सिम्रौनगढ़ नगरपालीका के अमृतगंज मे कृषि विकास बैंक के शाखा से बैंकिंग काम एतवार से सुरू भइल बा । कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि बैंक के केन्द्रीय कार्यकारी अधिकृत अनिल कुमार उपाध्याय बैंकिंग कामकाज के उदधाटन करत बैंक से सुरू भइल अनलाईन बैंकिंग सेवासब सहज रूप से गाँव मे रहल सेवाग्राहीसब लिहन अापन विश्वास रहल जनकारी देहनी ।

पहिले सहर मे ही मात्र बैंकिंग सेवा सिमित रहल रहे माकिर गाँव मे वातावरण समान्य बनल बा आउर बैंकिंग सेवा के जरूरी रहल देखल गईला से सेवा सुरू कईल गइल कार्यकारी प्रमुख उपाध्याय बतावले बानी ।

बैंक के केन्द्रीय प्रवक्ता हिमलाल पौडेल अमृतगंज शाखा से मोवाईल बैंकिंग, ईनटरनेट बैंकिंग, एसएमएस सेवा, अाई पि एस सेवा, अासवा सुविधा, डिमैट सेवा लगायत के सेवाग्रही लोग ले सकत बा जानकारी करावले रहनी ।

सिम्रौनगढ़ नगरपालीका के मेयर विजय शंकर यादव के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे कृषि विकास बैंक के उपमहाप्रवन्धक पुर्ण अर्याल, क्षेत्रिय निर्देशक बाबुकाजी थापा, शाखा प्रमुख रामचन्द्र अधिकारी, नारायण प्रसाद शर्मा, अमृतगंज शाखा प्रमुख रामविश्वास पटेल, सिम्रौनगढ़ ईलाका प्रहरी प्रमुख खगेन्द्र धमला, सशस्त्र के इश्वर कोईराला, प्रभु पटेल, किशोरी साह, अजिज अंसारी, मदनी मण्डल अा ध्रुव कुशवाहा लगायत के लोग अा-अापन बात राखत पहिले बैंक अाठ प्रतिशत पर ऋण देहत रहल माकिर अब १२ अा १३ प्रतिशत भईला से किसान मार मे पर रहल बा अोकरा के घटावे के निहोरा कईले रहल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here