लहान मे बम विस्फोट से एक बचा सहित ८ जने घायल, विष्फोट के जिमा गोइत लेलख

82
लहान विष्फोट मे घायल ७ बर्षीय बच्चा ।

राजेश अभिराज यादव

सिरहा, चैत ०९

सिरहा के लहान नगरपालिका मे आजू दुपहर मे बम बिस्फोट भईल बा । लहान बजार के मूख्य चौक पर प्रेसर कुकुर बम बिस्फोट भईला से बजार मे किनमेल करे खातिर आईल एगो बच्चा संघे कुल ८ जने घायल भईल प्रहरीले जनवले बा ।

आजु दिन के करिब एक बजे सोना चानी खातिर अति ब्यस्त ब्यापारीक बजार मानल जाएवाला लहान नगरपालिका के वडा नंबर ७ दुर्गा मन्दिर लगही रहल विकास ट्रेडर्स सोनाचानी के दोकन मे शक्तिशाली बम बिस्फोट भइल बा । विष्फोट के करते दोकन मे लाखों के क्षति भईल अनुमान बा । प्रहरी उक्त बम ‘टाइम बम’ हो सकेके आशंका कईले बा ।

बम विष्फोट भईला के बाद क्यामेरा मे कैद फोटो सब

दोकान मे अपरिचित व्यक्ति द्वारा सामान सहित के झोरा राखे खातिर देहले माकिर झोरा राखला के कुछे समय के बाद झोरा भीतर के सामान विष्फोट भईल दोकान के संचालक विकास सारडा बतवनी ।

विस्फोट मे पर के विकास शारडा, राहुल शारडा, अस्मिता चौधरी, बिनिता चौधरी घायल भईल बा लोग । ओइसही मझौरा के रहनियार ग्राहक सिकिन्द्र यादव के ७ वर्षीय बेटा सतिस यादब आ पत्नी देव कुमारी यादब, माधोपुर के बबिता यादब आ सप्तरी सुरुङ्गा नगरपालिका ६ के मोनिका देवी राम घायल भईल बा लोग । घायल लोग के लहान स्थित सप्तऋषि अस्पताल आ लहान के ही रामप्रसाद उमाप्रसाद स्मारक अस्पताल मे उपचार होरहल इलाका प्रहरी कार्यालय लहान द्वारा जनावल गईल बा ।

एने आजू भईल विस्फोट के जिम्मा जयकृष्ण गोइत नेतृत्व के जनतान्त्रिक तराई मुक्ति मोर्चा (क्रान्तिकारी) आपना मुड़ी पर लहत ए विषय मे विज्ञप्ति निकलले बा । घटना के बारे मे थप अनुसन्धान होरहल इलाका प्रहरी कार्यालय लहान के प्रहरी नायव उपरीक्षक गणेशचन्द ठकुरी जानकारी देहनी ।

एसे पहिले बितल फागुन मे भी लहान के अनेकन जगह पर अज्ञात समूह से बम बिस्फोट भईल रहे । लहान मे एक वर्ष के अवधि भीतर एकरा सहित चार बेर बम विस्फोट हो चुकल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here