सिरहा ट्रिपर द्वारा मोटरसाइकल के ठोक्कर देला से एक जने के मृत्यु

86

राजेश अभिराज यादव

चैत १ गत्ते, सिरहा

पूर्वपश्चिम लोकमार्ग अन्तरगत सिरहा के चोहर्वा मे बियफे के सबेरे ट्रिपर के ठक्कर से मोटरसाइकल पर सवार एक जने के जान गईल बा । दुर्घटना मे एक जने गम्भीर घाइते भईल बाड़न ।

पूर्व से पश्चिम ओर जा रहल स १ क १७१ नम्बर के ट्रिपर से विपरीत दिशा से आरहल स ३ प १४५६ नम्बर के मोटरसाइल के ठक्कर देला से गम्भीर घायल भईल मिर्चैया नगरपालिका–७, फूलबरिया के २४ वर्षीय रामप्रताप यादव के उपचार के क्रम मे स्थानीय स्वास्थ्यसंस्था मे जान गईल इलाका प्रहरी कार्यालय मिर्चैैया के प्रमुख डिएसपी गजुसिद्धि बज्राचार्य जनकारी देहले बानी ।

उहे मोटरसाइकल पर सवार २३ वर्षीय उदयचन्द्र यादव के स्थानीय स्तर पर उपचार सम्भव ना भइला पर थप उपचार खातिर काठमांडू रेफर कईल प्रहरी जनईले बा ।

ट्रिपर आ ड्राईभर के प्रहरी नियन्त्रण मे रहल डिएसपी बज्राचार्य बतईनी । शव के पोष्टमार्टम खातिर रामकुमार शारदा उमाप्रसाद मुरारका स्मारक अस्पताल लहान भेजल गईल बा ।

घटना के बाद आक्रोशित स्थानीय चोहर्वा सडकखण्ड मे चक्काजाम कईले बा । चक्काजाम के क्रम मे काठमांडू से पुरुव के ओर जारहल दु गो माइक्रो मे समान्य तोडफोड भईल बतावल गईल बा । घटना के बाद मिर्चैया प्रहरी द्वारा बहुति संख्या मे प्रहरी परिचालन कर के स्थिति नियन्त्रण मे लेवल गईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here