राजेश अभिराज यादव
सिरहा, चइत ०३
राष्ट्रिय सभा सदस्य तथा कांग्रेस नेतृ मुक्ता यादव के २२ वर्षीय बेटा रुपेश यादव के सडक दुर्घटना मे मृत्यू भईल बा ।
शूकर के सझिया के ७ वजे पुरुव- पश्चिम राजमार्ग के पोर्ताहा चौक मे बा ७३ प ९५६० नंबर के माेटरसाइकल दुर्घटना मे परला से यादव के मृत्यू भईल हवे । माेटरसाइकल के पछाडि बैठल सिरहा के दिनेश कुमार यादव घायल भईल बाड़न । उनकर बिराटनगर मे उपचार हो रहल बा ।
घटना शंकास्पद रहल क़हत कांग्रेस धनुषा के सभापति एवं प्रदेश सभा सदस्य रामसरोज यादव छानविन के मांग कइले बानी ।