The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

सिरहा मे बस दुर्घटना, आधा दर्जन से ज्यादे सवारी भईले घाही

धनखेती मे पलटल बस आधा दर्जन से ज्यादे सवारी भईले घाही

राजेश अभिराज यादव

सिरहा, २१ चईत

सिरहा मे आजू भईल बस दुर्घटना मे पर के आधा दर्जन से ज्यादा सवारी घाही हो गईल । बुध के दिने सबेरे लगभग ९:४५ बजे सिरहा के ब्रहमपुरी से धनगढ़ी सड़क बीच लक्ष्मीपुर पतारी गाउपलिका के रामनगर मे ना. ३ ख. ६१५६ नंबर के बस अनियंत्रित हो के धान के खेत मे पलट गईला से दुर्घटना भईल ।

बस  दुर्घटना मे ७ को सवारी घाही हो गईले । घाही सवारी मे से एक जाने के हाथ टूटल बा आ बाकी ६ जने के साधारण चोट लागल बा । घाही लोगन के इलाज खातिर लहान अस्पताल मे भेज के इलाज हो रहल बा ईलका प्रहरी कार्यालय लक्ष्मीपुर पतारी जनवले बा ।

प्रतिकृया
Loading...