सिरहा सुखीपुर गुदरी बाजार में सर्ट सर्किट से आगलागी, १५ लाख बराबर के धन सम्पति जर के भईल राख

97

राजेश अभिराज यादव

लहान ३० फागुन

सिरहा जिल्ला के सुखीपुर नगरपालिका – ८ स्थित बाजार में बीतल रात आगलगी भईला से तिन गो दोकान जर के पूर्णरूप से नष्ट हो गईल |

आगलागी से सुखीपुर के गुदरी बाजार स्थित संजीव गुप्ताके घर में रहल किराना दोकान, फैन्सी स्टोर्स आ टेलर्स जर के नष्ट भईला से लगभग १५ लाख बराबर के धन सम्पति के क्षति भईल बा कह के इलाका प्रहरी कार्यालय, सुखीपुर के प्रहरी नायब निरीक्षक सुदर्शन दास जानकारी करवलन |

गुदरी बाजार स्थित उपेन्द्र साह के किराना दोकान से अचानके शुरू भईल आग फईल के संजीव गुप्ता के फेन्सी स्टोर आ लट्टू यादव के टेलर्स दोकान भीतर के नगद रोपेया सहित बाकी सामान भी जर के नष्ट हो गईल अईसन प्रहरी से जानकारी मिलल |

रात में दोकान बंद कर के घरे चल गईला के बाद उपेन्द्र साह के दोकान से आगलागी भईल देख के स्थानीयबासी लोग दोकान संचालक, बरुण यंत्र आ प्रहरी के खबर कईले रहे लोग |

बिधुत चुहावट सर्ट सर्किट भईला के कारण आगलागी भईल बा प्रहरी अइसन अनुमान लगवले बा | लहान नगरपालिका से आईल बरुण यंत्र, प्रहरी आ स्थानीयबासी के अथक प्रयास से आग के नियंत्रण भईल रहे |

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here