सिरिसिया नदी के प्रदूषित कारवाला उधोगन के कडा से कडा कारवाही के चेतावनी

150
????????????????????????????????????

वीरगंज, २० कार्तिक .

सिरिसिया नदी समेत कवनो भी नदी भाय सार्वजनिक पोखरा के पानी प्रदूषित करेवाला उधोगन के कडा से कडा कारवाही करे के चेतावनी एगो कार्यक्रम में उधोगन के प्रतिनिधिलोग के जानकारी करावल गईल । वीरगंज उधोग वाणिज्य संघ के कार्यकक्षमें आयोजित कार्यक्रम में उधोगन के प्रतिनधियन के वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख बिजय कुमार सरावगी आ पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी नारायण प्रसाद भट्टराई अइसन चेतावनी देहले बा लोग ।

कार्यक्रम में बोलत नगर प्रमुख सरावगी नदी आ नदी के अगल बगल के जगह प्रदूषित करे वाला उधोगन के संचालक लोग के कडा से कडा कारवाही कईल जाई बतवले । सारा वाड अध्यक्ष लोग के आपन आपन वाड में रहल उधोग के अनुगमन करे खातिर महानगरपालिका चिठ्ठी भेज चुकल बा बतावत नदी आ नदी के घाट पर कवनो किसिम के प्रदूषित चीज फेंकल देखला पर कानूनी हिसाब से कडा से कडा कारवाही कईल जाई बतवले । नगर प्रमुख सरावगी उधोग संचालन के इजाजत पत्र लेवे के समय आई एम् इ में कईल प्रतिबद्दता पूरा ना करेवाला उधोगन के सजाय के भागिदार होखे के चेतावनी देहले ।

वीरगंज उधोग बाणिज्य संघ द्वारा आयोजित कार्यक्रम में बोलत पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी नारायण प्रसाद भट्टराई नदी आ पोखरा के स्वच्छ राखे लाय जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा महानगरपालिका के संघे सहकार्य करत छठ परब से ही अभियान चलावत आइल बा आ यी अभियान आगा भी लगातार चलत रही बतवले । छठ से आगाड़ी ही सिरिसिया नदी कोरिडोर में रहल बहुते उधोगन के अनुगमन खुदे कईले बतावत ज्यादातर उधोग नदी के मनमर्जी हिसाब से दूषित करत आइल भेटाइल बतवले । नदी के दूषित करेवाला २ गो उधोग के कारवाही कईल गईल आ छठ के बाद भी अनुगमन आ कारवाही के अभियान लगातार चलावे के जानकारी देहले ।

कार्यक्रम में वीरगंज उधोग बाणिज्य संघ के अध्यक्ष गोपाल केडिया बीतल समय में उधोगन द्वारा कईल गईल गल्ती के सुधार करत कानूनी हिसाब से भी नदी भाय पोखरा के प्रदूषित ना करे के उधोग के प्रतिनिधियन लोग के निहोरा कईले । कार्यक्रम में उधोग वाणिज्य संघ के वरिष्ट उपाध्यक्ष सुबोध गुप्ता, राष्ट्रीय अनुसन्धान कार्यालय पर्सा के एस पि कुमार खडका, जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के नायब प्रहरी उपरिक्षक गौतम थापा, नगर प्रमुख के प्रेस सलाहकार गोबिन्द देवकोटा समेत अनेकन उधोग के प्रतिनिधीयन के उपस्थिति रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here