सिर्सिया नदि किनार में मिलल एक जवान के लास

    727

    आस, वीरगंज । सावन २२

    वीरगंज के रानीघाट में रहल सिर्सिया नदि किनार में लावारीस अवस्था में एक लास मिलल बा ।

    नदि आसपास के स्थानीयबासी आजु सबेरे सोढे ७ बजे अन्दाजि ३५से४० बरीष उमीर के एक जवान के लास नदि किनार में रहल बाँस के झोईन मे देख्ते मातर पुलीस के खबर कईले रहलन ।

    घटना स्थल में पहुचल पुलीस के टोली के संकास्पद अवस्था में मिलल लास के जेभी से ६ सय रोपेया मीलल बाकिर मृतक के पहिचान खुले नासकल पुलीस जनवले बा ।

    लास के पहिचान होखे नासकला बाद जाँच मुचुल्का लगायत के प्रारम्भिक अनुसन्धान के काम पुरा करके पोष्टमार्टर ला वीरगंज के नारायणी अस्पताल में भेजल गईल वार्ड प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रहरी निरीक्षक चक्रबहादुर मल्ल बतवनी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here