सीमा जागरण मञ्च रक्सौल द्वारा मैत्री पुल निर्माण खातिर पुल पर टेन्ट लगा के भीख मांगे के अभियान शुरू

134
फोटो श्रोत : ज्योति डेली
फोटो श्रोत : ज्योति डेली

बीरगंज, २१ भादो ।

बीरगंज के दुनिया से ब्यावशायिक रूप मे जोड़ेवाला बीरगंज – रक्सौल मैत्री पुल के नाजुक अवस्था के देखते ओकरा के बनावे आ मरमत करे खातिर सीमा जागरण मञ्च रक्सौल आजू से मैत्री पुल पर टेन्ट लगा के भीख मांगे के काम शुरू भईल बा । भीख से जम्मा भईल पईसा के उदेश्य सिर्फ और सिर्फ नाजुक स्थिति मे चहुपल पुल के निर्माण आ मरमत मे खर्च कईल जाई ।

सीमा जागरण मञ्च के स्टेट कोआर्डिनेटर महेश अग्रवाल के नेतृत्व मे मञ्च के पदाधिकारी लोग मैत्री पुल पर आजू से टेन्ट लगा के भीख मांगे के अभियान शुरू भईल ह । यी कार्यक्रम मे नेपाल सीमा क्षेत्र से भी बहुते लोगन के सहभागिता रहल बा । अभियान मे नेपाल मे जाएवाला आ नेपाल से भारत प्रबेश करेवाला माल लादेवाला ट्रक, ट्यांकर, ट्रिपर सहित यात्री ढोवे वाला जीप, कर, भ्यान, मोटरसाइकिल, रिक्सा, टांगा चलावे वाला भी अभियान के समर्थन जनावत जेतना सकले लोग भीख दे रहल बा लोग सीमा जागरण मञ्च के जिल्ला अध्यक्ष सुरेश बाबा बतवले ।

काल्ह नेपाल के तरफ से पुल निर्माण आ मरमत के जिम्मा बीरगंज महानगरपालिका लेहले बा आइसन समाचार आइल माकिर अभी तक कौनों काम शुरू ना भईल से आजू से सीमा जागरण मञ्च भीख अभियान चला के एगो आंदोलन ही शुरू कईनी सन अध्यक्ष सुरेश बाबा जानकारी करवले ।

सीमा जागरण मञ्च एकरा से पहिले भादों १८ गते रक्सौल अनुमंडल पदाधिकारी एसडीएम अमित कुमार के ज्ञापन देते आजू २१ गते से मैत्री पुल मे टेन्ट शिविर रख के भीख मांगे के अभियान शुरू करे के चेतावनी देहले रहे ।

नेपाल भारत के सिवान पर बनल मैत्री पुल दुनु देश के जोड़ेवाला लाइफ लाइन भईला के बाद भी एकरा के बनावे आ चाहे मरमत करे मे कौनों सरकार वास्ता ना कईलख क़हत पुल के बनावे का आ मरमत करे खातिर सरकार के दबाव देवे खातिर ही भीख मांगे के अभियान शुरू भईल बा बतावल गईल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here