सीरिसिया नदी मे डूबला से एक आदमी के मृत्यु

199

वीरगंज, ३० आसार ।

सीरिसिया नदी मे आइल बाढ़ के चपेटा मे पर के सीरिसिया छोटी भन्सार नियारा के ५० साल के दुर्गा साह तुरहा के मृत्यु भईल बा ।

काल्ह रात के तकरीबन ८:०० बजे पेशाब करे घर से बहरी सीरिसिया नदी के किनारे गईल रहले, गोड बिछुलला के कारण तुरहा सीरिसिया नदी मे गिरल रहले ।

नदी मे गिर के तुरहा के दहाईल के खबर सुनते पर्सा प्रहरी के भीतर परेवाला कार्यालय समेत से उ जगह से ले के दहवाके ले जाएवाला संभावित हर जगह पर प्रहरी टोली खोज तलाश कईले रहे ।

प्रहरी के खोज तलास कईला पर आजू दिन के करीबन ११:३० के समय मे वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १ छठ घाट के लगे सीरिसिया नदी के किनारे बांस के झोईन मे अझुराइल तुरहा के लाश मिलल । प्रहरी तुरहा के मरुत शरीर के पोष्टमार्टम खातिर नारायणी अस्पताल भेजले बा पर्सा प्रहरी जानकारी देहले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here