सी जिनपिंग के स्वागत मे एतवार के दिने सार्वजनिक छुट्टी

    173

    काठमाण्डू, २४ कुवार ।

    संघीय सरकार चिनिया राष्ट्रपति सी जिनपिंग के स्वागत मे एतवार के दिने सार्वजनिक छुट्टी देवे के निर्णय कईले बा ।

    गृह मन्त्रालय सी के स्वागत खातिर एतवार के दिने सार्वजनिक छुट्टी देवे के बियफे के दिने बइठल मन्त्रीपरिषद के बइठक मे प्रस्ताव कईले रहे । मन्त्रीपरिषद के बइठक गृह मन्त्रालय के प्रस्ताव के पारित करत एतवार के दिने सार्वजनिक छुट्टी देवे के निर्णय कईले बा ।

    सरकार अनेकन देश के राष्ट्रप्रमुख भा प्रधानमन्त्री अईला पर सम्मान खातिर सार्वजनिक छुट्टी देवे के निर्णय कईले बा । एकरा से पहिले भारतीय प्रधानमन्त्री नरेन्द्र मोदी नेपाल घूमे अईला पर भी सरकार सार्वजनिक छुट्टी देहले रहे ।

    चिनिया राष्ट्रपति सी शनिचर के दिने राजकीय भ्रमण खातिर नेपाल आ रहल बाड़े । भ्रमण सफल बनावे लाय सरकारी तैयारी ज़ोर सोर से चल रहल बा । दु दिन के भ्रमण मे अनेकन सम्झौता भी होखे के अनुमान कईल गईल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here