The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

सुर्खेत के गांवपालिका नेपाल-भारत सीवान पर काँटेदार तार लगावे खातिर ठोरी के एक लाख दी

वीरगंज, ११ आषाढ़ ।

सुर्खेत के चौकुने गांवपालिका नेपाल-भारत सिवान पर काँटेदार तार लगावे खातिर पर्सा जिल्ला के ठोरी गांवपालिका के एक लाख आर्थिक सहयोग उपलब्ध करावे के निर्णय कईले बा ।

गांवपालिका उपाध्यक्ष निर्मला राना बुध के दिने गाँवसभा मे आर्थिक बजेट ०७७/०७८ के खातिर बजेट सार्वजनिक करे के समय नेपाल-भारत  सीवान पर काँटेदार तार लगावे खातिर ठोरी के एक लाख रोपेया देवे के बजेट विनियोजन कईल गइल बा जानकारी करवली । उ आवेवाला आर्थिक बर्ष खातिर ४३ करोड़ ८० लाख २६ हजार ४ सय ८० रोपेया बराबर के बजेट सार्वजनिक करे के समय मे “राष्ट्र सुरक्षा मे हमनी के योगदान” शीर्षक मे यी सहयोग रकम विनियोजन कईल गइल जानकारी देहली ।

गांवपालिका के अन्तरिक श्रोत से ठोरी के उ रकम सहयोग करे के निर्णय भइल गांवपालिका अध्यक्ष धीरबहादुर शाही बतवले ।

लीपुलेक आ कालापानी समेत के सिवान क्षेत्र मे भारतीय हस्तक्षेप के बिरोध मे सड़क से सदन तक सीवान क्षेत्र मे काँटेदार तार लगावे के चाहित क़हत विरोध के आवाज उठ रहल बा । देश के सीमा सुरक्षा हमनी के भी जिम्मेवारी ह, ‘ अध्यक्ष शाही कहले, ‘ ओहि से हमनी आपना तरफ से ठोरी से शुरू भइल काँटेदार तार लगावे के आभियान मे यी रकम सहयोग कईले बानी ।

पर्सा के पश्चिमी क्षेत्र ठोरी गांवपालिका के वाड नम्बर ३ के वाड अध्यक्ष सूर्य लामा भारत के बिहार से सिवान जुटल वाड नम्बर ३ मे परेवाला करीब ५ किलोमीटर के दूरी मे काँटेदार तार लगवले बाड़े ।

गाँवसभा देश के सिवान के रक्षा करेवाला नेपाली सेना के भी अन्तरिक श्रोत से एक लाख देवे के निर्णय कईले बा । देश के रक्षा करेवाला सुरक्षा फौज के मनोबल बढ़ो आ उ लोग के साधन आ श्रोत के कमी ना होखों एही से अन्तरिक श्रोत से नेपाली सेना के भी एक लाख रोपेया बजेट विनियोजन कईल गइल अध्यक्ष शाही के कहनाम रहे । अनलाइनखबर

प्रतिकृया
Loading...