सुशील वनस्पति उद्योग वीरगंज मे भीषण आगलागी

162

 

आस,आसाढ २१

बारा के परवानीपुर स्थित शुशिल बनस्पती घ्यु उद्योग मे भिषण आगलागी भईल बा । बिजलि के तार सर्ट होखे करीब २ बजे रात के लगाल आगी एहबर दुपहरीया ४ बजे से नियन्त्रण मे आइल पर्सा के सिडिओ नारायण प्रसाद भट्टराइ जनवनी ।

उद्योग मे लागल आगी के वीरगंज महानगरपालिका, जीतपुर–सिमरा उप महानगरपालिका, कलैया उपमहानगरपालिका, पोखरीया नगरपालिका, नेपाल आयल निगम के दमकल, नेपाली सेना, नेपाल प्रहरी, शसस्त्र प्रहरी, उद्योग के मजदुर आ स्थानिय बासिन्दा के लम्बा कोशिस के बाद नियन्त्रणमा आईल ।

आगलागी से घ्यु उद्योग मे भण्डारण कईल गोदाम सहित कारखाना तक जरके नास भईला से करोडो के नोक्सानी भईल पर्सा पुलिस जनवले बा ।

घ्यू आ तेल मे लागल आगी के नियन्त्रण मे लेवेला ईण्डियन आयल कर्पोरेशन के प्राविधिक टोली तक बोलावल गईल आ प्राविधिक के निगरानी मे नियन्त्रण मे लेहल गईल पर्सा पुलिस के प्रवक्ता तथा डिएसपि अनन्त राम शर्मा बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here