“सोचल जईसन काम ना करे सकनी” – वीरगंज महानगरपालिका के मेयर सरावगी स्वीकरले

327

वीरगंज , १३ कुवार ।

वीरगंज  महानगरपालिका के मेयर विजय कुमार सरावगी सोच के हिसाब से काम नईखन करे सकल स्वीकार कईले बाड़े । मेयर मे निर्वाचित भईला के बाद ५० साल मे ना भईल काम ५ साल मे कर के देखावे के वचन देहले सरावगी जईसन सोच काम करे के रहे उ सोच के हिसाब से काम नईखे करे सकलन स्वीकार कईले बाड़े ।

जनशक्ति के अभाव आ नीति नियम के असपष्टता के कारण काम करे ना सकनी उनकर कहनाम रहल । निर्वाचित भईला के एक साल पूरा भईल अवसर पर शुक के दिने आयोजित पत्रकार सम्मेलन मे बोलत महानगरपालिका घोषणा भईला पर भी ओह हिसाब के जनशक्ति, श्रोत आ सधान नईखे मिले सकल ओरहन सुनवले ।

वीरगंज महानगरपालिका मे १ जने सहसचिव, ९ जने उपसचिव आ ७१ गो शाखा अधिकृत के दरबंदी रहल बा अभी एक जने सह सचिव, १ जने उपसचिव आ ५ गो शाखा अधिकृत ही भेजल गईल बा, सरावगी बतवले । स्थानीय निकाय मे  पहिले से ही काम करत १८ जने अधिकृतस्तर के कर्मचारी आ निजामती तरफ से अधिकृत सहित ७२ जने अधिकृत स्तर के कर्मचारी के कुर्सी खाली बा । एकरा वावजूद भी हमनी जेतना हो सकता काम कर रहल बानी ।

आन्तरिक आय मे एक दशक से बृद्धि ना भईला से पहिलका नगर सभा से ठोस नीति आ कार्यक्रम लियावला के बाद भी सारा तैयारी के वावजूद भी लागू नईखे हो सकल, राजश्व के लक्ष्य ७४ करोड़ पाहुचवे के नीति भईला पर भी बिरोध के कारण पाछा हटे के पर रहल बा एही सब कारण के वजह से सोच के हिसाब से काम हम नईखी करे सकल मेयर सारावगी के कहनाम रहल । एनता के वावजूद भी सुशासन, शिक्षा, स्वस्थ्य, महिला, बच्चा, बुढ़पुरनिया साथ साथे सामज कल्याण, भौतिक निर्माण, पर्यटन, सरसफ़ाई आ हरियाली के बढ़ावा जईसन उदाहरणीय काम भईल बा मेयर बतवले ।

महानगरपालिका एतना काम समय मे १२ गो एन, ३ गो नियमावली, ९ गो कार्यविधि आ एगो रणनीति तैयार कर के लागू कर रहल बानी मेयर सरावगी बतवले । वीरगंजके आर्थिक बिकास, बिस्तार आ अभिबृद्धि के खातिर दूरदर्शी आ बृहत योजना आगा बढ़ावे के मेयर सरावगी जानकारी करवले ।

महानगर लगे जेतना होखे के चाही ओतना बजेट नईखे, अन्तरिक श्रोत से उठेवाला राजश्व भी सोचल हिसाब से नईखे उठे सकत, सरकार से मिलेवाला अनुदान से बाडका बाडका योजना के आगा बढ़ावे के स्थिति नईखे बुझात अईसन स्थिति मे जनसहभागिता मे आधारित बिकास निर्माण के पहिले प्राथमिकता देवे के सोच हमनी बनवले बानी, मेयर सरावगी कहले ।

प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत भीष्मकुमार भुषाल महानगरपालिका भ्रष्टाचार मे शून्य सहनशीलता के नीति लियाइल बा क़हत कोई अइसन कर रहल बा त प्रमाणसहित के जानकारी आवला पर करवाही करे के बात कहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here