स्कुल के लईकी सभन के खातिर सेनेटरी प्याड मशीन

246

बिमला गुप्ता,सावन ८

वीरगंज के महेश्वरी महिला मण्डलद्धारा पर्सा के महुवन में रहल नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय में सेनेटरी प्याड के मशीन देहल गईल बा ।

स्कुल में पढरहल छात्रा सभन के खातिर मशीन प्रदान कईल बा । महिनावारी के समय में स्कलु आवेनासकल लईकी सभन के खातिर स्कुल अईला के बाद महिनावारी के समय स्कुल में हि प्याड के उचित व्यवस्थापन होखो कहेके उद्देश्य के साथ सेनेटरी प्याड के मशीन सहजोग कईल महेश्वरी महिला मण्डल के संगिता लकोटिया जानकारी देहली ।

विद्यालय परिसर में छात्रा सभन के बोलाके मशीन के सहि प्रयोग एवं सेनेटरी प्याड के व्यवस्थापन के बारेमें बुझावल गईल मण्डल के संजु राठी आ सीमा कर्णली जनवली ।

स्कुल में लईकी सभन के खातिर ऐसनका मशीन के अईला से स्कुल के सभी शिक्षक शिक्षीका बहुते खुशी भईलन आ स्कुल के हेडमास्टर रामदेव प्रसाद कुर्मी दाता सभन के काम बहुते सराहनीय रहल कहत धन्यबाद देहनी ।

आवेवाला दिन में अउर भी संघ संस्था से समन्वय करके पर्सा जिल्ला के बहुते सरकारी स्कुल सभन में सेनेटरी प्याड मशीन सहजोग करेके अपना सभन के कोशिस रहेके राउण्ड टेबल के प्रतिनिधी कविता खेतान कहली । मशीन प्रदान करेके खातिर समन्वय एवं व्यवस्थापन स्वयंसेवक राजनकुमार श्रीवास्तव कईलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here