स्वरोजगार लघुबित बितीय संस्था तीन सय जने सदस्य के सिपमुलक निःशुल्क तालिम देरहल

119

आस सेढवा । माघ २७ ।

स्वरोजगार लघुबित बितिय संस्था लिमिटेड सेढवा शाखा के एतवार के दोसरका बार्षिक केन्द्र जमघट ओरियाइल बा ।

शाखा प्रबन्धक लक्ष्मी नारायण चौधरी कहनी ठोरी केन्द्र, जिराभवानी, जगरनाथपुर आ धोबिनी गाउपालिका मे १ हजार ९ सय ८९ सदस्य बनवले बा । शाखा अभीन तक ५ करोड ६८ हजार ४ सय २९ रोपेया बचत गोटा कईले आ २१ करोड ७४ लाख ६० हजार ५ सय रोपेया कर्जा लगानी कईल प्रबन्धक चौधरी बतवनी ।

संस्था के ६ जने सदस्य आ ६ जने कर्जा लेहल जनानी सदस्य के मरद के समय से पहिले मौत भईल के जनही ५ हजार रोपेया आर्थिक सहजोग कईल आ कर्जावाला के २ लाख ४५ हजार २ सय ८३ रोपेया माफ कईल प्रबन्धक चौधरी बतवनी ।

स्वरोजगार लघुबित बितीय संस्था सेढवा केन्द्र तीन सय जने सदस्य के सिपमुलक निःशुल्क तालिम तक देरहल बा । प्रबन्धक चौधरी के अध्यक्षता आ केन्द्रीय कार्यकारी प्रमुख मनोज कृष्ण उप्रेती के प्रमुख अतिथित्व मे जमघट ओरीयाइल । कार्जक्रम मे केन्द्रीय अनुगमन अधिकृत रामप्रकाश साह, रामानन्द चौधरी, कन्चन राम लगायत के शुभकामना मन्तव्य व्यक्त कईले रहनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here