सड़क ढालन मे आईल समस्या नगर प्रमुख यादव द्वारा समाधान

147

मुकेश यादव

बरियारपुर, १८ चईत

महागढ़ीमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख उपेंद्र यादव सड़क निर्माण के काम मे आईल अड़चन आ विवाद के समाधान कईले । नगरपालिका के वाड न. २ के बरहमबाबा के मंदिर से ले के नायका टोला होते हुलकी राजमार्ग के जोड़ेवाला सड़क एक किलोमीटर तक २० फिट मे निर्माण होखेवाला सड़क ढलान आ नाला निर्माण मे सड़क के चौड़ा करे के बिषय पर विवाद भईल रहे ।

नगर प्रमुख यादव आपन गाव आ आपन ठाव मे आईल बिकास के काम मे सब के एक जुट हो के सहयोग करे के आग्रह कईले । सड़क ढलान आ नाला निर्माण खातिर आवश्यक २० फिट चौड़ा सड़क ना भईल जगह पर बिकास खतिरा आपन आपन जमीन दे के सहयोग करे के नगर प्रमुख यदाव के आग्रह के स्थानीय बासिन्दालोग आदर करते जमीन देवे के तैयार भइला के बाद विवाद समाधान भईल रहे ।

सड़क ढालान आ नाला निर्माण मे भईल विवाद नगर प्रमुख यादव प्रबिधिक टोली सहित नक्साङ्कन करावते सामाजिक सर्वसहमति से  विवाद के समाधान कईले ।

२० फिट भीतर मे सड़क के दाया आ बाया नाला निर्माण साथ साथे सड़क के ढलान कार्य भी हो रहल बा । नगरपालिका के सहयोग मे ८५ लाख के लागत मे सड़क ढालान आ नाला निर्माण हो रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here