हत्यारा पकड़े के मांग करत पोखरिया ईप्रका मे ज्ञापन पत्र

209

बीरगंज २९ कुवार ।

पर्सा के पोखरिया नगरपालिका स्थिति जिल्ला उच्चांगल माध्यमिक बिधालय के शिक्षक आ बिधार्थी लोग उ बिधालय मे पढ़रहल अब्दुल अंसारी के हत्या मे सामील हत्यारा लोग के पकड़े खातिर करवाही के मांग करत ज्ञापन पत्र देहले बा लोग।

जिल्ला उच्चांगल माबि के कक्षा ९ मे पढ़ाई कर रहल १५ साल के बिधार्थी अंसारी के बितल कुवार २१ गते हत्या हो गईल रहे । हत्या मे सामील दोषी लोग के जल्दी से जल्दी करवाही के मांग करत बिधार्थी आ शिक्षक लोग इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे ज्ञापन पत्र देहले बा लोग ।

शिक्षक महासंघ नेपाल पर्सा के पोखरिया नगरपालिका अध्यक्ष पर्वत ठाकुर के नेतृत्व मे ज्ञापन पत्र देहल गईल । ज्ञापन पत्र लेत पोखरिया नगरपालिका के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह दोषी के जल्दी से जल्दी पकड़े के विश्वास दिलावले । ज्ञापन पत्र देहला के बाद बिधालय मे शोख सभा के आयोजना भी कईल गईल रहे । द मधेस टाइम्स

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here