हरियाणा मे आत्म हत्या कईल नेपाली विद्यार्थी के स्मरण मे दीप प्रज्वलन तथा श्रद्धाञ्जली

93

राजेश अभिराज यादव

जनकपुर, चैत ०३

राजपा नेपाल विद्यार्थी संगठन से भारत के हरियाणा मे आत्म हत्या कईल नेपाली विद्यार्थी के स्मरण मे दीप प्रज्वलन तथा श्रद्धाञ्जली भईल बा ।

भारत के हरियाणा प्रान्त मे रहत एक नेपाली विद्यार्थी द्वारा उहवा के स्थानीय एक कलेज मे आत्म हत्या कईल रहे । हरियाणा के एसआरएम ग्लोबल कलेज मे पढ़ रहल प्रदेश नं. २ महोत्तरी के औरही नगरपालिका वडा नं. २ के रहनियार सहाबुल अन्सारी कलेज मे ही आत्महत्या करके ज्यान देहले रहलन ।

राष्ट्रिय जनता पार्टी नेपाल विद्यार्थी संगठन द्वारा आजू मैनबती बारे के मृतक के आत्मा के चीर शान्ती के कामना करत दीप प्रज्वलन कईले बा । विद्यार्थी संगठन के महासचिव उज्वल झा उक्त दुर्घटना के सही छानबिन करके जल्द से जल्द दोषी के कानूनी दायरा मे लेयावेके जोडदार माग कईले बाड़न ।कलेज के लापारवाही आ अत्यधिक टर्चर के कारण ही अन्सारी द्वारा आत्महत्या कईल झा के दाबी बा । कलेज प्रशासन विरुद्ध विद्यार्थी लोग प्रदर्शन कैला पर स्थानीय प्रशासन द्वारा लाठी चार्ज सहित कैयन के जेल मे राखल त कैयन विद्यार्थी के जीवन बर्बाद कर देवे के धम्की देहल बा महासचिव झा बतइनी ।

कलेज प्रशासन विरुद्ध प्रदर्शन मे उतरल विद्यार्थी लोग के नियन्त्रण मे लेके स्थानीय प्रहरी कलेज प्रशासन से मिलीभगत करके निर्दोस विद्यार्थीहरु उपर आईपीसि के धारा १४७, १४९, २८३ आ ४२७ लगाके मुद्दा दर्ज समेत कईले बा ।

वीरगंज, जनकपुर सहित नेपाल भर ही भारतीय स्कूल/कॉलेज के कन्सल्टेन्सी खचाचख खोलल गइल बा । विना दर्ता आ अवैद्यानिक कन्सल्टेन्सी समेत जनकपुर मे ही दर्जनौ बा लोग । प्रशासन से अईसन अवैद्यानिक कन्सल्टेन्सी सबके हद तक कारवाही ना कईला तक नेपाली विद्यार्थी लोग ठगाके एहितरे ज्यान जाए के समाचार आवत रही महासचिव झा बतवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here