हुम्ला में चिन द्वारा भुमि अतिक्रमण भईल विषय में वीरगञ्ज में विरोध प्रदर्शन

 हुम्ला में चिन द्वारा भुमि अतिक्रमण भईल विषय में वीरगञ्ज में विरोध प्रदर्शन

वीरगंज, ११ कुवार ।

पड़ोसी राष्ट्र चिन नेपाल के हुम्ला जिल्ला में भुमि अतिक्रमण कइलख विषय के ले के नव जनकल्याण युवा सञ्जाल वीरगञ्ज पर्सा विरोध प्रदर्शन कइले बा ।

हुम्ला के नाम्खा गाउपालिका वाड न. ६ लिमी में भुमि अतिक्रमण कईल समाचार सञ्चार माध्यम में आइला के बाद विरोध स्वरुप पर्सेली युवा लोग वीरगञ्ज के घण्टाघर में विरोध प्रदर्शन कइले बा लोग ।

“पुरानका सन्धी लागु कर” , “चाइनिज बिस्तार मुर्दावाद”, “नेपाली भुमि अतिक्रमण करे के ना मिली”, अतिक्रमण करेवाला पड़ोसी ना चाही” लगायत के नारा अंकित प्लेकार्ड हाथ मे देखावत युवालोग प्रदर्शन में उतरेल रहे लोग ।

सञ्जाल के अध्यक्ष सगिर अली के अध्यक्षता में भईल विरोध कार्यक्रम में अली हसन, बिक्की राज पटेल, नुर आलम लगायत के युवा लोग राष्ट्रिय एकता देखावे के समय आगईल बा कहत सारा नेपाली के एकजुट हो के ऐक्यबद्धता देखावे के जोड देहले रहे लोग ।

विरोध कार्यक्रम में सञ्जय सर्राफ, प्रकाश पटेल, अविनाश यादब, कन्हैया साह, बिकास मेहता, सन्दिप पटेल, समीर हवारी, साहिल हसन, मुन्ना अन्सारी, रहम अन्सारी, शेष शहनवाज, नवीजान हवारी, भिम पण्डित, कृष्णा पटेल, अंकुश पटेल, नितेश पटेल, अनिश पटेल, अली हसन, दिपक पटेल लगायत के युवा लोग उपस्थिती रहे ।

कार्यक्रम के सहजिकरण विवेक कुमार झा कइले रहले ।

 

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *