हेलीकप्टर दुर्घटना मे नेपाल के पर्यटन मन्त्री रवीन्द्र अधिकारी समेत ७ जने के मृत्यु

    267

    तापलेजुंग मे आजू भईल एयर डाइनेस्टी के हेलीकप्टर दुर्घटना मे संस्कृति पर्यटन तथा नागरिक उडयन मन्त्री रवीन्द्र अधिकारी समेत सवारी कर रहल ७ जने के मृत्यु भईल बा गृहमन्त्रालय के प्रवक्ता रामकृष्ण सुवेदी बतवले ।

    तापलेजुंग लिङखिम आ फूरूम्बू गांवपालिका के बीच मे रहल सिस्ने नदी मे हेलीकप्टर दुर्घटना ग्रस्त भईल बा ।

    क्याप्टन प्रभाकर केसी द्वारा उड़ावल जा रहल हेलिक्प्टर मन्त्री अधिकारी समेत ७ जने सवारी ले के तेरहथुम के चुहान पहाड़ नियरे बन रहल एयरपोर्ट के देखसुन कर के तापलेजुंग वापिस आवत रहल ।

    हेलीकप्टर मे मन्त्री अधिकारी समेत यति एयरलाइन्स के अध्यक्ष आंगछिरिंग शेर्पा, प्रधान मन्त्री केपी शर्मा ओली के सरकारी स्वकीय सचिव युवराज दाहाल, नेपाल नागरिक उडयन प्राधिकरण के निर्देशक ध्रुव भोछीभोया आ उपमहानिर्देशक वीरेंद्र श्रेष्ठ आ दोसर भी एक जने सुरक्षाकर्मी अर्जुन घिमिरे सवार रहले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here