जनकपुरधाम, १३ फागुन ।

प्रदेश नं. २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत द्वारा जनता के ओरहन सुने खातिर घरघर मे जाएके घोषणा कइले बाड़न ।एतवार के प्रदेश नं. २ मे सुशासन कायम करे खातिर ११ बुँदा प्रतिवद्धता सार्वजनिक करत उहाँके प्रदेश भितर के गाँवपालिका, नगरपालिका, वडा तथा टोल सब मे पहुच के जनता के ओरहन खुद से सुनेके घोषणा कइले बाड़न।मुख्यमन्त्री राउत आपन कार्यालय मातहत मे हेलो प्रदेश सरकार स्थापना करे के भी घोषणा कइले बाड़न, जाहाँ सर्वसाधारण निशुल्क टेलिफोन कर के आपन ओरहन सुना सकत बाड़े ।

मुख्यमन्त्री राउत सर्वसाधारण लोग आपन ओरहन इमेल मार्फत भी मुख्यमन्त्री के कार्यालय भेज सके के व्यवस्था कइले बाड़न । ईमेल करे खातिर [email protected] पाता देहल गईल बा । ओइसही उहाँ के जनता से सीधा आपन ओरहन  कर पावे खातिर सञ्चार माध्यम मे जनता संघे मुख्यमन्त्री कार्यक्रम सञ्चालन करेके भी घोषणा कईले बाड़न। 

देखल जाव प्रदेश न. 2 के मुख्य मंत्री लालबाबु राउत द्वारा सार्वजनिक कईल ११ बुँदे प्रतिबद्धता पत्र ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here