माघ २९, वीरगंज ।

हिन्दूवादी संगठन घर्म के नारा देके आजू सोमार के वीरगंज आ जनकपुर मे संघीय समाजवादी फोरम नेपाल के राष्ट्रीय अध्यक्ष उपेंद्र यादव के पुत्ला जरवले बा लोग ।

विश्व हिन्दू परिषद के ब्यानर अउरी गेरुवा रंग के झण्डा सहित आजू सबेरे घंटाघर चौक मे करीब ३०/३५ गो हिन्दूवादी धर्म के नारा लगावत फोरम नेपाल के अध्यक्ष यादव के पुत्ला जरईले बा लोग ।

पुत्ला दहन के अगुवाई करत आरहल विश्व हिन्दू परिषद प्रदेश नं. २ के अगुवा ज्योतिलाल कलवार प्रदेश नंबर २ मे बहुसंख्यक हिन्दू रहल लोग के भावना के लत्यावत फोरम नेपाल आ यादव मुस्लिम धर्म के आदमी के मुख्यमंत्री बनावे के निर्णय कईला के चलते विरोध प्रदर्शन हो रहल बतवनी ।

प्रदर्शनकारी लोग उपेंद्र यादव हिन्दु बिरोधी मुर्दावाद, मुस्लिम के मुख्य मंत्री बनावे के ना मिली, जय श्रीराम आदि नारा लगाके प्रदर्शन करत रहे लोग । फोरम नेपाल आ ओकर अध्यक्ष उपेंद्र यादव इहे फागुन २ गते मुस्लिम नेता के मुख्यमंत्री बनावे जात बा लोग कहके हमनी सुनेले बानी क़हत कलवार ओह दिन भी वीरगंज मे प्रदर्शन अउर कडा करेके चेतावनी देहनी ।

जनकपुर मे भईल प्रदर्शन

ओइसे फोरम नेपाल प्रदेश नं २ के संसदीय दल के नेता मे पार्टी के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष एवम प्रदेश सांसद लालबाबू राउत गद्दि के पहिलही चयन कर लेहले बा । राउत वीरगंज के ही स्थानीयवासी हई आ बितल चुनाव मे पर्सा के क्षेत्र नंबर १ के ख से प्रदेश सभा मे निर्वाचित भी भइल बानी ।

ओइसही ईहे मुद्दा उठाके आजू जनकपुर मे भी उपेंद्र यादव के पुत्ला जरावल गइल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here