१० हजार घुस सहित बारा मे एक नासु पकड़ाइल

    440

    प्रभु यादव, कलैया । सावन १५ ।

    अख्तियार दुरूपयोग अनुसन्धान हेटौड़ा से आईल टोली जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा के मुद्दा फाट में कार्यरत नायव सुब्बा सनोज महतो के १० हजार घुस सहित पकड़ल गइल डिएसपी केशव भट्टराई जनकारी करावले बानी ।

    सर्वजनिक मुद्दा के पेसी जल्दी से चढा देवे ख़ातिर सेवाग्राही से कार्यालय के खाम में १० हजार रूपैया आपन काम करेवाला टेवुल के घरा में राखल अवस्था में महतो के पकड़ल गईल हेटौड़ा के प्रवक्ता भट्टराई जनकारी देहनी ।

    पकड़ाइल महतो के हेटौंडा कार्यालय में राखल गईल बा आ बियफे के दिन काठमाण्डौ के अख्तियार के कार्यालय टंगाल में पेठावे के तयारी कइल जा रहल भट्टराई जनकारी देहले बानी ।

    एसे पहिले बारा के पचरौता नगरपालीका, प्रसौनी गांवपालिका, फेटा गांवपालिका के कर्मचारी आ महागढीमाई नगरपालीका के जन प्रतिनिधि वार्ड नम्वर ६ के अध्यक्ष अख़्तियार के फंदा में आ चुकल बाड़न ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here