१३ बरिस पुरान मुद्दा मे बाराके बिश्रामपुर गांवपालिका अध्यक्ष जेल चालान

    469

    वीरगंज, ०६ पुष ।

    बारा जिल्ला के बिश्रामपुर गांवपालिका अध्यक्ष अमीरीलाल राउत आज जेल चलान भईल बाड़े । १३ बरिस पुरान सवारी ज्यान के मुद्दा मे दोषी ठहर भईल राउत के प्रहरी एतवार के दिने पकड़ के जिल्ला अदालत बारा के हवाले कईले बा ।

    बारा के प्रहरी उपरीक्षक बिकास राज खानाल के कहनाम रहे की अदालत के सुनावल २९ दिन के कैद आ २ हजार रोपेया जुर्माना के फैसला के पालन करत राउत के कारागार भेजल गईल ।

    साल २०६२ माघ २८ गते राउत चलावत ना ४ प ३७८५ नम्बर के मोटरसाइकिल से छातापिपरा वाड नम्बर ३ निवासी ६५ साल के हसियादेवी चौधरी ठोक्कर लाग के घायल भईल रहली जेकर इलाज करावत बखत ही मृत्यु हो गईल रहे । ओह घटना के समय २०६३ साल भादो २९ गते जिल्ला अदालत राउत के २९ दिन के जेल आ २ हजार रोपेया जुर्माना के साजय सुनवले रहे ।

    जिल्ला अदालत उनका के आजू के दिन ही कारागार मे राखे के अनुमति देहला से उनका के कारागार भेजल गईल खनाल जानकारी देहले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here